[the_ad_group id="30365"]

एसआईपी : अगस्त में रिकॉर्ड 12693 करोड़ के निवेश, म्यूचुअल फंड में 10 महीना के बड़ गिरावट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिस्टमेटिक इन्वेस्टमेंट प्लान (एसआईपी) में एह साल अगस्त में निवेश बढ़ के 12,693.45 करोड़ रुपया के सार्वकालिक उच्च स्तर पर पहुंच गइल। एह साल ई लगातार चौथा महीना ह, जब एसआईपी में निवेश 12,000 करोड़ रुपया से ज्यादा रहल। उहवें, घरेलू शेयर बाजार में अस्थिर माहौल के बीच एह दौरान इक्विटी म्यूचुअल फंड में 6,120 करोड़ रुपया के निवेश आइल, जौन अक्तूबर, 2021 के बाद पिछले 10 महीना में सबसे कम बा।

 

ओ दौरान 5,215 करोड़ के निवेश भइल रहे। एसोसिएशन ऑफ म्यूचुअल फंड्स इन इंडिया (एम्फी) के सुक्क के जारी आंकड़न के मुताबिक, अगस्त में एसआईपी निवेश में सालाना आधार पर 28 फीसदी अउर मासिक आधार पर 4.56 फीसदी के बढ़ोतरी देखे के मिलल।

एह दौरान म्यूचुअल फंड एसआईपी के प्रबंधन के तहत परिसंपत्तियां (एयूएम) बढ़ के 6.39 लाख करोड़ रुपया के सार्वकालिक उच्च स्तर पर पहुंच गइल। एसआईपी खाता के संख्या भी रिकॉर्ड 5.71 करोड़ से अधिक के स्तर पर पहुंच गइल, जबकि जुलाई में ई आंकड़ा 5.61 करोड़ से बेसी रहल। एह दौरान 21.13 लाख नयका एसआईपी खाता पंजीकृत भइल।

एह साल 5वीं बेर 12,000 करोड़ निवेश

महीना    रकम
जनवरी    11.5
फरवरी    11.4
मार्च    12.3
अप्रैल    11.9
मई    12.3
जून    12.3
जुलाई    12.1

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]