[the_ad_group id="30365"]

ट्विटर: कोरोना के लेके लापरवाह भइलें मस्क, ट्विटर से कोविड भ्रामक सूचना नीति के हटवलें, लोग के बढ़ल चिंता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन समेत कई देशन में कोरोना महामारी के फैलले के बावजूद दुनिया के सबसे अमीर शख्स अउर टेस्ला कंपनी के मालिक के लापरवाही सामने आइल बा। दरअसल, ट्विटर पर जौन कोविड भ्रामक सूचना नीति लागू कइल गइल रहे, ओके अब हटा दिहल गइल बा। यानी कि अब लोग ट्विटर पर कोरोना महामारी के बारे ट्विटर पर झूठ अउर भ्रामक खबरो लिख सकतनें।  स्वास्थ्य अउर मीडिया विशेषज्ञ लोग मस्क के एह कदम के प्रभाव पर चिंता जतवले बानें। उपयोगकर्ता लोग 23 नवंबर के एह बात पर ध्यान दिहले रहे कि ट्विटर पर एक वाक्य अपडेट कइल गइल रहल जेमें लिखल रहे, ट्विटर अब कोविड भ्रामक सूचना नीति के लागू नाइ क रहल बा अउर ई  23 नवंबर, 2022 से प्रभावी होई।

का ह कोविड भ्रामक नीति?

मस्क के अधिग्रहण से पहिले ट्विटर कोविड भ्रामक नीति के तहत सब को अपने अनुभव शेयर करे के अधिकार दिहले रहे लेकिन गलत जानकारियन अउर तरह-तरह के अटकलन के हटावल भी जात रहे। साथ ही कंपनी उन विज्ञापन को भी ब्लॉक कइल जात रहे जौन एह स्थिति के लाभ उठावे के कोशिश करत रहे। लेकिन अब एह नीति के हटले से का प्रभाव होई ऊ आगे पता चली।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]