Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अब व्हाट्सएप पर अपना के भेज सकब मैसेज, कंपनी जारी कइलस नयका फीचर, अइसे करsला काम

925

इंस्टेंट मैसेजिंग एप व्हाट्सएप (Whatsapp) यूजर्स के सुविधा अउर यूजर इंटरफेस के बेहतर बनावे खातिर नयका फीचर्स मैसेज योरसेल्फ (Message Yourself) के जारी कर दिहले बा। एह फीचर के पहिले टेस्टिंग खातिर जारी कइल गइल रहे।

अब कंपनी एके ग्लोबली रोलआउट करे के घोषणा कs दीहले बा। दरअसल, ई एगो 1:1 चैट ह, जेकरे मदद से आप आपन जरूरी नोट्स, रिमाइंडर अउर डॉक्यूमेंट्स के सेव कs सकतनीं अउर खुद के मैसेज भी भेज सकतनीं।

का बा Message Yourself फीचर्स के फायदा?

मैसेज योरसेल्फ फीचर्स के मल्टी डिवाइस सपोर्ट के तौर पर पेश कइल गइल बा। बता देईं कि एह साल के शुरुआत में व्हाट्सएप मल्टी डिवाइस सपोर्ट फीचर्स जारी कइले रहल।

व्हाट्सएप के एह नयका फीचर के मदद से आप To-do लिस्ट, शॉपिंग लिस्ट, नोट्स आदि संभाल के रख सकतनीं। सथही जरूरी नोट्स, रिमाइंडर अउर अपडेट याद रखे खातिर इस्तेमाल कइल जा सकsता। सीधे शब्द में कहल जाव त व्हाट्सएप के नयका फीचर में खुद से बाद करे के सुविधा मिलsल बा।

रउआ के एह फीचर के कई तरह से फायदा ले सकतनीं जइसे अगर रउआ एकर यूज नोट्स लेहले अउर बाद में उपयोग खातिर लिंक बुकमार्क करे खातिर करतनीं त अब आप के विशेष एप डाउनलोड करे के आवश्यकता नाइ रही।

साथही एह फीचर के वजह से लैपटॉप, टैबलेट अउर मोबाइल से फोटो-वीडियो अउर डाटा के आसानी से शेयर कइल जा सकsता। एह फीचर के आईओएस अउर एंड्रॉयड यूजर्स दूनो खातिर जारी कइल गइल बा।

Message Yourself फीचर अइसे करी काम

  • मैसेज योरसेल्फ फीचर्स के इस्तेमाल करे खातिर आप के सबसे पहिले अपने फोन में व्हाट्सएप ओपन करे के बा।
  • अब एप के स्क्रीन में लोअर राइट कोर्नर पर एक्सन बटन पर क्लिक करीं।
  • अब इहां आपके ऊपर के ओर कॉन्टैक्ट लिस्ट दिखाई देई, नयका अपडेट के बाद रउआ के इहां आपके कॉन्टैक्ट दिखाई देवे लागी।
  • एह कॉन्टैक्ट पर टैप करीं अउर फिर चैट शुरू कs सकतनें। यानी रउआ खुद के मैसेज भेज पाएब।
394700cookie-checkअब व्हाट्सएप पर अपना के भेज सकब मैसेज, कंपनी जारी कइलस नयका फीचर, अइसे करsला काम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.