[the_ad_group id="30365"]

इलेक्ट्रिक वाहन: दुपहिया अउर तिनपहिया वाहन के इलेक्ट्रिक वाहन में बदले खातिर 285 अरब डॉलर के जरूरत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में दुपहिया अउर तिनपहिया वाहन के पूरा तरह से इलेक्ट्रिक वाहन (ईवी) में बदले खातिर 285 अरब डॉलर के जरूरत होई। नीति आयोग के सहयोग से प्रकाशित वर्ल्ड इकोनॉमिक फोरम (डब्ल्यूईएफ) के श्वेतपत्र में कहल गइल बा कि अंतिम छोर अउर शहरी बेड़े भारत में इलेक्ट्रिक दुपहिया अउर तिनपहिया वाहन के अपनावे के नेतृत्व कs रहल बा, लेकिन एके ईवी में बदले खातिर लागत, नयका तकनीक में विश्वास के कमी, पुरान गाड़ियन बिक्री के कम कीमत अउर अनिश्चित विश्वसनीयता के चलते लोग ईवी में नाइ बदल रहल बा।

भारत में वाहन बिक्री में दुपहिया अउर तिनपहिया वाहन के हिस्सेदारी 80 फीसदी से अधिक बा। पिछले कुछ बरिस में इलेक्ट्रिक वाहन के तेजी से अपनावल जा रहल बा। इलेक्ट्रिक दुपहिया अउर तिनपहिया वाहन बनावे वाली लगभग 45 कंपनी बा। ई सब 10 लाख ईवी के बिक्री कइले बानें सब।

ईवी खरीदल महंग बा, लेकिन ओके चलवले के लागत बहुत कम बा। डब्ल्यूईएफ कहनें, अधिक निवेश आकर्षित करे खातिर एक लमहर रोडमैववाली नीति के जरूरत बा। सरकार द्वारा खरीद प्रोत्साहन ईवी के अपनाने खातिर प्रमुख चालक रहल बा। हालांकि, प्रोत्साहन के अंततः खतम करे के जरूरत होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]