[the_ad_group id="30365"]

VRS आ ट्रांसफर, तिरुपति मंदिर गैर हिंदू कर्मचारियन के निर्देश, केतना बा इनकर संख्या?

तिरुपति बालाजी मंदिर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

आंध्र प्रदेश में स्थित तिरुपति बालाजी मंदिर से जुड़ल बड़ खबर सामने आईल बा। इहाँ के नवगठित तिरुमाला तिरुपति देवस्थानम मंदिर में काम करे वाला गैर हिन्दू कर्मचारी खातीर एगो प्रस्ताव पारित कs देले बा।  एह प्रस्ताव के तहत मंदिर बोर्ड में काम करे वाला गैर हिन्दू कर्मचारियन के स्वैच्छिक सेवानिवृत्ति (वीआरएस) भा आंध्र प्रदेश के दोसरा सरकारी विभागन में तबादला करे में से कवनो एक के चुने के पड़ी.  बता दीं कि तिरुपति मंदिर पछिला कई महीना से खबर में बा। कुछ समय पहिले मंदिर के पवित्र प्रसाद में मिलावट के खबर पs बहुत हंगामा भईल रहे।

टीटीडी एक्ट में तीन बेर संशोधन भइल

बता दीं कि टीटीडी एगो स्वतंत्र सरकारी ट्रस्ट हs. ई दुनिया के सभसे समृद्ध हिन्दू मंदिर तिरुमाला वेंकटेश्वर मंदिर के प्रबंधन करे ला। टीओआई के मुताबिक, हाल के समय में टीटीडी एक्ट में तीन बेर संशोधन भईल बा। एकर मकसद रहे कि मंदिर बोर्ड आ ओकरा से जुड़ल संस्थानन में खाली हिन्दू लोग के काम पर राखल जाव. 1989 में एगो आदेश में इहो कहल गइल रहे कि टीटीडी के प्रशासित पदन पर नियुक्ति हिन्दू लोग ले सीमित रही. हालांकि सूत्र के मुताबिक गैर हिन्दू संगठन के भीतर काम जारी रखले बाड़े।  जून 2024 में चंद्रबाबू नायडू के नेतृत्व में आंध्र प्रदेश में एगो नया सरकार बनल। एकरा बाद कथित हिन्दू कर्मचारी के ओर से अपना साथी के दोसरा धर्म के पहचान करे के शिकायत भईल।

गैर हिन्दू कर्मचारी के संख्या कतना बा?

टीओआई के मुताबिक, तिरुमाला तिरुपति देवस्थानम (टीटीडी) के नयका अध्यक्ष बीआर नायडू एs फैसला के पुष्टि कईले बाड़े। हालांकि मंदिर बोर्ड में काम करे वाला गैर हिन्दू कर्मचारी के सही संख्या बतावे से इनकार कs देले बाड़े। सूत्र के मुताबिक टीटीडी के नयका फैसला से बोर्ड के 7 हजार स्थायी कर्मचारी में से करीब 300 कर्मचारी प्रभावित होईहे। बता दीं कि टीटीडी में 14 हजार ठेका कर्मचारी भी काम करेले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]