Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खुश रहे खातिर अपनाइ इ आदत, एंजायटी आ स्ट्रेस के हमेशा खातिर हो जाई छुट्टी

1,404

खुश रहल एतनो मुश्किल काम नइखे। बस अपना लाइफ में इ कुछ आदतन के अपना ली आ देखी कइसे ख़ुशी रउवा पीछे पीछे धउर के आई।

आजकल के स्ट्रेस भरलऽ माहौल में लोग खुश खोके हसल भुला गइलऽ बाड़े। वर्क लोड के चिंता, आर्थिक रूप से मजबूत बने के चिंता, घर परिवार के चिंता लोगन के खाइल जात बिया। चिंता धीरे धीरे कब एंजाइटी के रूप लेवे लागता लोगन के पता नइखे चलत। बाकी का रउवा जानत बानी हर बीमारी के जड़ हs स्ट्रेस आ खुशी हर बीमारी के इलाज। ज़्यादा तनाव लेवे से लोग डिप्रेशन, ब्लड प्रेशर आ डायबिटीज जइसन बीमारियन के शिकार होत बाड़े। बाकी जदि रउवा खुश रहेनीं तऽ बीमारियन रउवा लगे फटकबो ना करी। खुश रहलऽ एतनो मुश्किल काम नइखे। बस अपना लाइफ में इ कुछ आदतन के अपना लिहि आ देखी कइसे ख़ुशी रउवा पीछे पीछे धउर के आई।

 

स्ट्रेस फ्री रहे खातिर इ आदतन के अपनाइ:

सकारात्मक सोची: खुश आ स्ट्रेस फ्री रहे खातिर सबसे ज़रूरी बा कि रउवा अपना सोच में बदलाव लाई। पॉज़िटिव सोच रउवा के कवनो गंभीर से गंभीर परिस्थति से लड़े के हिम्मत देवे ले। संग ही एकरा वजह से रउवा के बेहतर महसूस होला आ रउवा अंदर से ख़ुशी महसूस करेनी। खुश रहे खातिर नेगेटिव चीजन के बारे में सोचल बंद कर दी। अपना आप के इ समझाइ कि जवन बित चुकर बा उऽ बीतल काल रहे आ अब रउवा मे आवे वाला दिन के बारे में सोचे के बा।

खाली समय के करी सदुपयोग: कहल जाला की खाली दिमाग शैतान के घर होला। खाली समय में कुछ न कइला से हमनी के दिमाग कुछ ना कुछ खराब सोचत रहेला। एहिले खाली समय में कुछ ना करे के बजाय अपना दिमाग के कवनो अइसन काम में लगाई जवना मे राउर मन लागो। जइसे – पेंटिंग, सिंगिंग, कुकिंग, फोटोग्राफी। एकरा से राउर समय भी बीत जाई आ रउवा कुछ क्रिएटिव करऽ सकेम।

नियमित करी योग: अपना आप के एंजाइटी आ स्ट्रेस से बचावे खातिर रउवा नियमित तउर पs योग करी। योग करे से खाली शारीरिक तउर पs रउवा फायदा ना होई जबकी मानसिक तउर पs रउवा सुकून मिली।

 

नकारात्मक लोगन से बनाइ दूरी: नेगेटिव आ नकारात्मक बात करे वालन लोग से जेतना हो सके ओतना दूरी बनाइ। जे लोग रउवा से दोसरा के बुराई करे ले चाहे चुगली करेले उनका से दूरी बना लिहि। अइसन लोग रउवा के कबो खुश ना रहे दी।

 

दोसरा से खुद के परतर ना करी: अपना आप के दोसरा से भुलइयो के परतर ना करी । दरअसल, जब रउवा दोस्त या कवनो कलीग करियर मे रउवा से आगे बढ़े लागेला तऽ कय हाली लोग अपना आप करऽ कमतर आँके लागेले। बहुत गलत इ बा के एकरे वजह से रउवा खुद पs डाउट करे लागेनी आ फ्री में स्ट्रेस आ एंजाइटी के दावत दे देवे नीं।

736480cookie-checkखुश रहे खातिर अपनाइ इ आदत, एंजायटी आ स्ट्रेस के हमेशा खातिर हो जाई छुट्टी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.