[the_ad_group id="30365"]

बाहुबली’ जइसन बा ‘कल्कि 2898 एडी’ के ‘भैरवा’ के लुक, प्रभास लौटत बाने भौकाल मचाए

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नाग अश्विन के निर्देशन में बनल साइंस फिक्शन फिल्म ‘कल्कि 2898 एडी’ बहुत दिन से खबर में आइल बा. प्रशंसक बेसब्री से इंतजार करत बाड़े एह प्रभास अभिनीत फिलिम के. फिल्म के सितारन के फर्स्ट लुक के खुलासा हो गइल बा. हालही में एह फिलिम से अमिताभ बच्चन के डैशिंग लुक के भी खुलासा भइल जवना से प्रशंसकन के बीच एह फिलिम खातिर उत्साह बढ़ गइल. हालही में मेकर एह फिलिम के रिलीज डेट के एलान भी कइले बाड़न. ओने हालही में एह फिलिम से प्रभास के दमदार लुक सामने आइल बा जवना में उनुकर लुक देखे लायक नजारा बनत जात बा.

भैरवा’ के लुक में छइले प्रभास

असल में फिल्म ‘कल्कि 2898 एडी’ के मेकर एगो नया प्रोमो जारी कइले बाड़न जवना में प्रभास के देखावल गइल बा जवना में खुलासा भइल बा कि एह फिलिम में अभिनेता भैरवा के किरदार निभाविहें. स्टार स्पोर्ट्स प्रभास के ई वीडियो शेयर कइले बा जवना में अभिनेता भैरवा के लुक में शानदार लउकत बाड़न. एह वीडियो में उनुकर कहत बाड़े – ‘खेल भी युद्ध हs, सांस रोक ली ई काल्हु खातिर आईपीएल के शानदार मैच बा।’ बाहुबली के बाद अब भैरवा के लुक में उनुका के देख के लोग काफी उत्साहित बाड़े।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]