[the_ad_group id="30365"]

DDU के 74वां स्थापना दिवस समारोह पs 112 गोल्ड मेडेलिस्ट सम्मानित, सैमसंग इनोवेशन कैंपस के भइल शुभारंभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आज दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में 74वां स्थापना दिवस समारोह मनावल गइल. राज्यपाल आनंदी बेन पटेल के अध्यक्षता में होखे वाला एह समारोह में राज्यपाल कवनो कारन वस ना आ पवली बाकिर वीडियो संदेश के माध्यम से जुड़ल रहली . कुलपति प्रो० डा. पूनम टंडन 112 गो स्वर्ण से टॉपरन के सम्मानित कइली.

एह समारोह में मेधावी विद्यार्थियन के 48 गो विश्वविद्यालय स्वर्ण पदक आ 64 गो स्मृति स्वर्ण पदक दिहल गइल. एकरा संगे युवा महोत्सव, सांस्कृतिक, खेल प्रतियोगिता अवुरी एनएसएस अवुरी एनसीसी के विभिन्न प्रतियोगिता में राष्ट्रीय, राज्य अवुरी क्षेत्रीय स्तर पs बेहतर प्रदर्शन करेवाला छात्र के प्रमाणपत्र से सम्मानित कईल गइल।

स्थापना दिवस समारोह में समाज के विभिन्न क्षेत्र में उत्कृष्ट योगदान देवे वाला डीडीयू के पूर्व छात्र प्रो. विश्वनाथ प्रसाद तिवारी, चंद्रप्रकाश अग्रवाल, अतुल सराफ, डॉ. एलके पांडे, निर्मला एस चंद्र, पूर्व आईपीएस जितेन्द्र प्रताप सिंह आ आईआरएस डॉ. स्वामी प्रकाश पांडे के सम्मानित कइल गइल. स्थापना दिवस समारोह में संबद्ध कॉलेजन के योगदान सुनिश्चित कइल गइल. प्रोफेसर पूनम टंडन स्थापना दिवस पs लइकन खातिर उपहार देली-

सैमसंग इनोवेशन कैंपस के उद्घाटन 

स्थापना दिवस समारोह में सैमसंग इनोवेशन कैंपस कार्यक्रम के शुरुआत भी भइल। एह कार्यक्रम के माध्यम से विद्यार्थियन के कौशल के विकास कइल जाई. एह लोग के AI, इंटरनेट ऑफ थिंग्स, बिग डाटा वगैरह जइसन न्यू टेक्नोलॉजी में निपुण बनावल जाई.

परीक्षा पोर्टल SERVE 

स्थापना दिवस समारोह के मउका पs परीक्षा पोर्टल SERVE के उद्घाटन भइल। एह पोर्टल के माध्यम से विद्यार्थी आपन अनिवार्य प्रमाणपत्र आ डिग्री ऑनलाइन मोड में ले सकेलें.

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]