[the_ad_group id="30365"]

सीरियल ‘अनुपमा’ में काम कs रहल रूपाली गांगुली Entertainment से उतरली politics में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

टीवी अभिनेत्री रूपाली गांगुली राजनीति में उतर गइल बाड़ी. ‘अनुपमा’ आ ‘साराभाई वर्सेज साराभाई’ जइसन धारावाहिक में काम करे वाली रुपाली बुध (1 मई) के दिने भाजपा में शामिल हो गइली. रुपाली दिल्ली में भाजपा मुख्यालय में विनोद तावड़े आ अनिल बलूनी के मौजूदगी में भाजपा के सदस्यता लिहली. एह दौरान नेता लोग रूपाली के फूल के गुलदस्ता थमा के आ पटका पहिन के भाजपा में स्वागत कइले।

भाजपा में शामिल भइला के बाद मीडिया से बात करत रुपाली कहली कि हम विकास के महायज्ञ देख के पार्टी में शामिल होखे के फैसला कइनी. उ कहली कि, “जब हम विकास के इs ‘महा यज्ञ’ देखतानी तs हमरा लागता कि हमरा भी एकरा में भाग लेवे के चाही। हमरा आपके आशीर्वाद अवुरी सहयोग के जरूरत बा ताकि हम जवन भी करीं, उ सही अवुरी निमन कs सकी।” भाजपा में उनुकर प्रवेश ओह घरी भइल बा जब देश में लोकसभा चुनाव हो रहल बा. दू गो चरण के मतदान भी खतम हो गइल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]