Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Video: पुणे में उठल मच्छरन के बवंडर, जे देखल बस देखत रह गइल

540

 

 

 

सोशल मीडिया पs एगो वीडियो तेजी से वायरल हो रहल बा, जवना में मच्छर आसमान में झुंड में उड़त देखाई देतारे। एतना मच्छर रहे कि लागत रहे कि कवनो बवंडर आ गईल बा। जे भी ईs सीन देखलस उs बस देखत रहल काहे कि पहिले अइसन केहू ना देखले रहे। मामिला महाराष्ट्र के पुणे के एगो आवासीय इलाका के बा। इs नजारा देखला के बाद लोग अपना स्वास्थ्य के चिंता में बाड़े। लोग नगर निगम पs सफाई में लापरवाही के आरोप लगा रहल बा।

एतना मच्छर के कारन इहे बा

जानकारी के मुताबिक पुणे के मुथा नदी के ऊपर मच्छर के बवंडर देखाई देलस। मुला मुथा नदी के पानी के स्तर जादा होखला के चलते इs खतरा सोझा आईल बा। ईs जगह मच्छर के झुंड के प्रजनन स्थल बन गइल बा।नदी के किनारे मुंडवा ब्रिज से खराड़ी गांव ले पानी के जलकुंभी बढ़ल बा, जवना के चलते मच्छर के समस्या बढ़ गईल बा। जहां पुणे नगर निगम पानी के जलकुंभी हटावे के काम शुरू कs देले बा, उहें देरी से भईल कार्रवाई के चलते निवासी के मच्छर के खतरा से निपटे के पड़ता।

लोग लो पुणे नगर निगम पs लगवले लापरवाही के आरोप

मच्छर के ई बवंडर पुणे, केशवनगर, खराड़ी आ मुंधवा के आवासीय इलाका में देखल गइल। सोशल मीडिया के कुल प्लेटफार्म पs जेकर वीडियो घूम रहल बा। एतना बड़ संख्या में मच्छर देखला के बाद लोग घर से बाहर निकले से परहेज कs रहल बाड़े। लोग अपना घर के दरवाजा खिड़की बंद कs देले। एह वीडियो के देखला के बाद सोशल मीडिया पs लोग के कमेंट के बाढ़ आ गईल। टिप्पणी करत एगो यूजर लिखले कि – ‘पुणे नगर निगम केशवनगर के निवासी के समय पs टैक्स देवे के बदला में वैलेंटाइन गिफ्ट देले बा।’ एगो अउरी यूजर लिखले बा – पुणे नगर निगम एह घरी मच्छर पैदा करे के काम कs रहल बा।

 

 

736390cookie-checkVideo: पुणे में उठल मच्छरन के बवंडर, जे देखल बस देखत रह गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.