[the_ad_group id="30365"]

सलमान खान के घर फायरिंग मामिला में बड़ खबर, आरोपी अनुज थापन कs लिहलस आत्महत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड स्टार सलमान खान के घर के बहरी फायरिंग केस में एगो बड़हन अपडेट सामने आइल बा. एs मामिला के आरोपी अनुज थापन आत्महत्या कs लेले बाड़े। अनुज पs शूटर के हथियार उपलब्ध करावे के आरोप रहे।

मिलल जानकारी के मुताबिक आरोपी अनुज थापन चादर से फांसी लगा के आत्महत्या कs लेले बा। रात में सुते खातीर आरोपी के चादर दिहल गईल। सबेरे जब पुलिस टीम नियमित जांच खातीर उनुका बैरक पहुंचल तs अनुज बेहोश पावल गईल।

फायरिंग कब भईल

14 अप्रैल के सबेरे सलमान खान के बांद्रा आवास ‘गैलेक्सी अपार्टमेंट’ पs मोटरसाइकिल सवार दु आदमी गोली चलावे के बाद पुलिस आईपीसी के धारा 307 (हत्या के कोशिश) के तहत प्राथमिकी दर्ज कईले रहे। पुलिस 16 अप्रैल के गुजरात के भूज से गुप्ता अवुरी पाल के गिरफ्तार कईले रहे। अधिकारी के दावा बा कि गुप्ता मोटरसाइकिल पs सवार रहले तs कथित तौर पs पाल गोलीबारी कईले रहले।

बता दीं कि बॉलीवुड अभिनेता सलमान खान के घर के बहरी फायरिंग के घटना में इस्तेमाल कइल बंदूक सूरत के तापी नदी से बरामद भइल बा. एह दौरान कुछ जिंदा कारतूस भी मिलल। सलमान के घर पs गोली चलावे वाला युवक विक्की गुप्ता अवुरी सागर पाल पूछताछ के दौरान बतवले रहले कि सलमान के घर पs गोली चलावे के बाद उs लोग मुंबई से सड़क मार्ग से सूरत पहुंचल रहले। इहाँ से उs ट्रेन से भूज गईले, जहां सफर के दौरान उs रेलवे पुल से पिस्तौल के तापी नदी में फेंक देले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]