[the_ad_group id="30365"]

Bihar: वैन में ट्रक मरलस टक्कर, 23 लईका घायल; छात्रन के स्कूल पहुंचावे जात रहे गाड़ी, ट्रक मरलpस टक्कर

घटना के बाद लागल भीड़। - फोटो : अमर उजाला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेगूसराय में तेज रफ्तार ट्रक स्कूल वैन में जबरदस्त टक्कर मार देलस। एह हादसा में वैन पs सवार 23 से जादे लईका गंभीर रूप से घायल हो गइलें। सब घायल लईकन के निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। एमे तीन लईकन के इस्थिति चिंताजनक बनल बा। एह घटना के बाद मवका पs अफरातफरी का माहौल उत्पन्न हो गइल। ई पूरा ममिला रिफाइनरी थाना क्षेत्र के देवना के लगे के हs।

लोगन के कहनाम बा है कि बियफे के सबेरे विद्या एंग्लो वैदिक अकादमी स्कूल छोड़े खातिर गाड़ी जात रहे। हाईवे पs ट्रक टक्कर मार देलस। हादसा एतना जबरदस्त रहे कि स्कूल वैन पूरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल। हादसा में 23 गो लईका गंभीर रूप से घायल हो गइल। फिलहाल एह घटना के बाद घटनास्थल पs बहुते भीड़ लागल बा। फिलहाल एह घटना के सूचना स्थानीय लोग रिफाइनरी थाना पुलिस के देलस। मवका पs रिफाइनरी थाना पुलिस पूरा ममिला के जांच पड़ताल में जुटल बिया।

पुलिस के कहनाम बा कि फरार ट्रक चालक के तलाश चल रहल बा। घायल लईकन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। घायलन में आरुषि कुमारी (8), कुंज बिहारी (9), निकिता कुमारी (9), अनुभव कुमार (4), दिलखुश कुमार (4), सुमित कुमार (12), सोनम कुमारी (10), साधना कुमारी (8), सोनाली कुमारी (6), प्रीतम कुमार, पीयूष कुमार, अयंक कुमार, आर्यन कुमार, सोनम कुमारी, विराट कुमार सहित कुल 23 लईका सामिल बा लो। ओहिजा प्रीतम कुमार, पीयूष कुमार, अयंक कुमार, आर्यन कुमार, सोनम कुमारी आ विराट कुमार के हालत गंभीर बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]