[the_ad_group id="30365"]

मलाड में बड हादसा, 20 वां मंजिल के स्लैब के कुछ हिस्सा ढहल, 3 लोग के मउत 3 गो घायल

मलाड में बड हादसा: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महाराष्ट्र के मलाड में दिल दहला देवे वाला घटना देखल गईल बा। असल में इहाँ के निर्माणाधीन भवन के गिरला से तीन लोग के मउत हो गईल अवुरी 3 लोग घाही हो गईले। नगर निगम के अधिकारी बतवले कि 23 मंजिला भवन के 20वां मंजिल के स्लैब के एगो हिस्सा गिर गईल। एकरा चलते तीन जने के मउत हो गईल अवुरी तीन जने घाही हो गईले। जानकारी के मुताबिक इs घटना मलाड (पूर्व) के गोविंद नगर इलाका में रात के करीब 12.10 बजे भईल। एs घटना के जानकारी मिलला के बाद फायर ब्रिगेड के टीम मौका पs पहुंचल अवुरी बचाव अभियान शुरू कs देलस।

बता दीं कि मलबा के नीचे दबल मजदूरन के बाहर निकाल के एमडब्ल्यू देसाई अस्पताल ले जाइल गइल. एहमें से दू जने के आईसीयू में भर्ती करावल गइल बा. जानकारी के मुताबिक मरेवाला लोग में गोपाल बनिका मोदी, सोहन जचिल रोथा, विनोद केशव सदर शामिल बाड़े। घाही में रहीम शेख, रूपसन भद्र ममिन अवुरी मोहम्मद सलामुद्दीन शेख शामिल बाड़े। एs तीनों के इलाज अस्पताल में चलता। बता दीं कि एहसे पहिले जुलाई महीना में मुंबई में अइसने एगो घटना देखल गइल रहे. दरअसल, नवी मुंबई के शाहबाज गांव में बनल एगो ग्राउंड प्लस तीन मंजिला इमारत भारी बरखा के बाद अचानक गिर गईल। एह भवन में कुल 24 परिवार रहत रहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]