[the_ad_group id="30365"]

श्रद्धांजलि: ओलंपियन स्वर्ण पदक विजेता अली सईद के निधन, 1964 टोक्यो ओलंपिक में हॉकी टीम के रहनें सदस्य

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टोक्यो ओलंपिक 1964 के स्वर्ण पदक विजेता हॉकी टीम के खिलाड़ी रहल एसएम अली सईद के सोमार के रात एगो निजी अस्पताल में इलाज के दौरान निधन हो गइल। 82 वर्ष के आर्मी अली सईद लमहर समय से बीमार चलत रहनें। उनकर अंतिम संस्कार गुलाचीपुर मोहल्ला में स्थित खानदानी कब्रिस्तान में मंगर के दूपहर ढाई बजे कइल जाई।

उनके भतीजा आमिर इब्राहिम बतवलें कि अली सईद करीब डेढ़ वर्ष से अस्वस्थता के चलते कहीं आ-जा नाइ पावत रहनें। सनीचर के उनकर तबीयत ज्यादा खराब होखले पर रूस्तमपुर स्थित एक अस्पताल में उनके भर्ती करावल गइल। डॉक्टर लोग कोशिश कइलें, लेकिन उनके बचावल नाइ जा सकल। रात करीब 9 बजे के करीब ऊ अंतिम सांस लिहलें। एकरे बाद उनकर शव उनके पैतृक निवास नवाब हाउस, मोहल्ला बड़े काजीपुर ले के आइल गइल। ऊ अपने पीछे भाई मो. इब्राहिम अउर उनके परिवार के छोड़ देहले बानें।

जिला में ओलंपिक गोल्ड जीते वाला इकलौता खिलाड़ी रहलें अली सईद

देश के हॉकी के मजबूत स्तंभ रहल एसएम अली सईद 1964 टोक्यो ओलंपिक में स्वर्ण पदक जीते वाला टीम के अहम सदस्य रहलें। ऊ फारवर्ड के बेहतरीन लेफ्ट विंगर खिलाड़ी रहनें। ओलंपिक में पदक जीते वाले अली सईद जिला के अकेल खिलाड़ी रहनें।

1960 के दशक में हॉकी के ले के जुनूनी एह खिलाड़ी क3 हॉकी के प्रति प्रेम जीवन के अंतिम समय ले बनल रहल। अब्बो हॉकी के ले के ऊ अपने परिवार अउर मिले वालन से चर्चा कइल करत रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]