Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs AUS: ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ लगातार 12वां मैच हारल भारतीय हॉकी टीम, ब्लैक गोवर्स के हैट्रिक के दम से ऑस्ट्रेलिया 7-4 से जीतल मैच

8,342

ऑस्ट्रेलिया ब्लैक गोवर्स के हैट्रिक के दम पs पांच मैचन के हॉकी श्रृंखला के दूसरका मैच में अतवार 27 नवंबर 2022 के एडिलेड में भारत के 7-4 से करारा शिकस्त देलस। एह तरे से भारत के विश्व के नंबर एक टीम ऑस्ट्रेलिया से लगातार 12वां हार के सामना करे के पड़ल। भारत के श्रृंखला जीवंत रखे खातिर अब अगिला दुनो मैच में जीत दर्ज करे के होई।

दूसरा ओर भारत के प्रदर्शन में निरंतरता के अभाव रहल। ऊ टुकड़न में अच्छा प्रदर्शन कs पाइल। हालांकि, हरमनप्रीत तीसरके मिनट में करारा शॉट जमाके पेनल्टी कॉर्नर के गोल में बदल देलें आ भारत के सुरुआती बढ़त दिला देलें। एकरा बादो भारत आक्रामक रवैया जारी रखलस, बाकिर ऑस्ट्रेलिया जल्दिये लय हासिल कइलस आ फेर फिर भारत पs हावी हो गइल।

ऑस्ट्रेलिया के ओर से ब्लैक गोवर्स आ जैक वेल्च दनादन गोल दागल सुरू कs दिहल लो। भारतीय टीम तीसरा क्वार्टर में अच्छा प्रदर्शन कइल। एक समय ऊ खाली 3-4 से पिछड़त रहे, बाकिर अंतिम क्वार्टर में ओकरा रक्षा पंक्ति के गलतियन के खामियाजा भुगते के पड़ल। गोवर्स सनीचर के पहिला मैच में ऑस्ट्रेलिया के 5-4 से जीत में विजयी गोल दगले रहस। गोवर्स फेर से भारतीय लोगन के निराश कइलें।

ब्लैक गोवर्स 12वां (पेनल्टी कार्नर), 27वां आ 53वां मिनट (पेनल्टी) में गोल कइलें। जैक वेल्च 17वां आ 24वां मिनट में गोल दगलें। जेक वेटन (48वां) आ जैकब एंडरसन (49वां) ऑस्ट्रेलिया के आउर गोल स्कोरर रहल लो। भारत के तरफ से हार्दिक सिंह (25 वां) आ मोहम्मद रहील (पेनल्टी 36 वां) गोल कइल लो। हरमनप्रीत आखिरी मिनट (60वां) में अपना दूसरका गोल कs के हार के अंतर कुछ कम कइलें।

विश्वकप के तैयारियन खातिर महत्वपूर्ण एह सीरीज के तीसरा मैच बुध 30 नवंबर के खेलल जाये के बा। ऑस्ट्रेलिया के कप्तान एडी ओकेनडेन के ई 400वां मैच रहे। ऊ एह उपलब्धि के हासिल करे वाला दुनिया के सातवां खिलाड़ी बाड़े।

भारत ने आक्रामक सुरुआत कइलस आ तीसरके मिनट में पेनल्टी कॉर्नर हासिल कइलस। कप्तान हरमनप्रीत एकरा गोल में बदले में कवनो गलती ना कइलें। पहिला क्वार्टर में भारत के डिफेंस बहुत मजबूत रहे। ऊ 4 पेनल्टी कॉर्नर बचवलस, बाकिर गोवर्स ताकतवर शॉट से गोल कsके आपन उपस्थिति दर्ज करवलें आ स्कोर के बराबर कइलें।

मैच के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी चुनल गइल हार्वी वेटन के साथे सुंदर तालमेल दिखाके जैक वेल्च के गेना थमवले जे निचीका से ओकरा के गोल में डलले। वेल्च सात मिनट के अंदरे अपना दूसरका गोल कsके स्कोर 3-1 कs देलें। हार्दिक हालांकि पहिला हॉफ के समाप्त होखे से पांच मिनट पहिले गोल कsके अंतर कम कs देलें।

हार्दिक जवना तरे से गेना पs नियंत्रण बनवलें आ ओकरा के गोलपोस्ट में पहुंचवलें, ऑस्ट्रेलियाई रक्षकन के लगे ओकर कवनो जवाब ना रहे। गोवर्स मध्यांतर से पहिले आपन दूसरका गोल दगले आ एह तरे ऑस्ट्रेलिया फेर से दु गोल के बढ़त हासिल कs लेलस। मोहम्मद रहील तीसरे क्वार्टर में पेनल्टी कॉर्नर के गोल में बदलके स्कोर 3-4 कइलें बाकिर एकरा बाद मैदान पs खाली ऑस्ट्रेलिये के चलल, जवना से ऊ आसान जीत दर्ज करे में सफल रहल।

393570cookie-checkIND vs AUS: ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ लगातार 12वां मैच हारल भारतीय हॉकी टीम, ब्लैक गोवर्स के हैट्रिक के दम से ऑस्ट्रेलिया 7-4 से जीतल मैच

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.