Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

India Vs Spain Hockey World Cup 2023: विश्वकप में भारत के सानदार आगाज, स्पेन के 2-0 से देलस मात

FIH Men’s Hockey World Cup: हॉकी विश्वकप 2023 में भारत दमदार आगाज कइले बा। भारत स्पेन के 2-0 से हरा देलस। एह मैच में अमित रोहिदास आ हार्दिक सिंह गोल कइल।

8,240

India vs Spain Hockey World Cup 2023: हॉकी वर्ल्ड कप 2023 (Hockey World Cup 2023) में टीम इंडिया जीत से आगाज कइलस। भारत (India) स्पेन (Spain) के जोरदार मुकाबला में 2-0 से हरावे में कामयाब रहल।

राउरकेला स्टेडियम में बजल भारत के डंका

विश्वकप के पहिला मैच में भारत पहिला आ दूसरका क्वार्टर में दूनु गोल कs देलस। भारत एह दु गोल के मदद से 2-0 से जीत हासिल कइलस। राउरकेला के बिरसा मुंडा स्टेडियम में भारत के डंका बजल। एह मैच में अमित रोहिदास पहिला क्वार्टर आ हार्दिक सिंह दूसरका क्वार्टर में गोल दागल लो। हालांकि तीसरका आ चउथका क्वार्टर में कवनो गोल ना भइल।

अमित रोहिदास के मिलल प्लेयर ऑफ द मैच

टीम इंडिया के बढ़त दिलावे खातिर पहिला धमाकेदार गोल करे वाला अमित रोहिदास के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।

437610cookie-checkIndia Vs Spain Hockey World Cup 2023: विश्वकप में भारत के सानदार आगाज, स्पेन के 2-0 से देलस मात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.