[the_ad_group id="30365"]

India Vs Spain Hockey World Cup 2023: विश्वकप में भारत के सानदार आगाज, स्पेन के 2-0 से देलस मात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

India vs Spain Hockey World Cup 2023: हॉकी वर्ल्ड कप 2023 (Hockey World Cup 2023) में टीम इंडिया जीत से आगाज कइलस। भारत (India) स्पेन (Spain) के जोरदार मुकाबला में 2-0 से हरावे में कामयाब रहल।

राउरकेला स्टेडियम में बजल भारत के डंका

विश्वकप के पहिला मैच में भारत पहिला आ दूसरका क्वार्टर में दूनु गोल कs देलस। भारत एह दु गोल के मदद से 2-0 से जीत हासिल कइलस। राउरकेला के बिरसा मुंडा स्टेडियम में भारत के डंका बजल। एह मैच में अमित रोहिदास पहिला क्वार्टर आ हार्दिक सिंह दूसरका क्वार्टर में गोल दागल लो। हालांकि तीसरका आ चउथका क्वार्टर में कवनो गोल ना भइल।

अमित रोहिदास के मिलल प्लेयर ऑफ द मैच

टीम इंडिया के बढ़त दिलावे खातिर पहिला धमाकेदार गोल करे वाला अमित रोहिदास के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]