[the_ad_group id="30365"]

काशी में गंगा में उतर के नेता जी के श्रद्धांजलि: सपा कार्यकर्ता लोग दीपदान के साथ भगवान से कइल प्रार्थना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाजवादी पार्टी के संरक्षक स्व. मुलायम सिंह यादव के निधन पर वाराणसी में शुक्क के सपा के सब इकाईयन के सदस्य लोग श्रद्धांजलि दीहल। सपा महानगर अउर जिलाध्यक्ष इकाई के ओर से शुक्क के सुबह अर्दली बाजार स्थित पार्टी कार्यालय पर श्रद्धांजलि दिहल गइल।
श्रद्धांजलि सभा के अध्यक्षता करत निवर्तमान महानगर अध्यक्ष विष्णु शर्मा कहलें कि नेताजी गरीब अउर दलितन के मुख्य धारा से जोड़े के काम कइलें। पूर्व महानगर अध्यक्ष ओपी सिंह कहलें कि पार्टी संरक्षक स्व. नेताजी गरीबन, युवा अउर अल्पसंख्यकन के आवाज रहनें। ऊ पार्टी कार्यकर्ता लोग के हमेशा ध्यान रखत रहलें। मुख्यमंत्री अउर रक्षा मंत्री पद के सफर तय करे वाले नेताजी के जीवन सादा जीवन उच्च विचार के संदेश पार्टी कार्यकर्ता लोग के देत रही। श्रद्धांजलि देवे वालन में पूर्व प्रदेश महासचिव रामअधार शर्मा, एमएलसी आशुतोष सिन्हा, जिलाध्यक्ष सुजीत यादव लक्कड, आनंद मौर्य, जितेन्द्र यादव, पूजा यादव, किशन दिक्षित, अशफाक अहमद डब्लू आदि लोग मौजूद रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]