[the_ad_group id="30365"]

भाजपा शुरू कइलस निगम चुनाव के तैयारी, प्रदेश प्रभारी कइलें बैठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली राज्य चुनाव आयोग के ओर से एमसीडी के वार्डन के परिसीमन करे के प्रक्रिया पूरी करे के बाद दिल्ली प्रदेश भाजपा ने चुनाव की तैयारी आरंभ कर दी है। प्रदेश भाजपा के प्रभारी बैजयंत पांडा ने एमसीडी के चुनाव के संबंध में बियफ़े के पार्टी के पदाधिकारियन के साथ बैठक कइले।
एह दौरान उ पार्टी नेता लोग से चुनावी मुद्दों पर चर्चा कइलें। भाजपा आलाकमान गत अतवार के रामलीला मैदान में पंच परमेश्वर सम्मेलन के माध्यम से एमसीडी के चुनाव के बिगुल बजवले रहने। प्रदेश भाजपा के प्रभारी बैजयंत पांडा बियफ़े के सुबह प्रदेश पदाधिकारियन पार्टी कार्यालय में तलब कइलें। सभी पदाधिकारी अपने सब कार्यक्रम छोड़ के पार्टी कार्यालय पहुंचलें।
एह दौरान पांडा बतवलें कि दिसंबर माह में चुनाव होखले के संभावना बा। समय के कमी के देखत चुनावी तैयारी जल्द से जल्द शुरू क देहल जाय। ऊ चुनाव संबंधी सभी समितियन के गठित करे के निर्देश दिहलें। एकरे अलावा उम्मीदवार तय करे के संबंध में नियम अउर शर्तें बनावे के आदेश दिहलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]