Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सपा सांसद बर्क के बोल: PFI पर त पाबंदी लगा दीहल गइल, लेकिन आरएसएस पर काहें नाइ?, मुस्लिमन में पैदा कइल जा रहल डर

919
अपने बयान के ले के चर्चा में रहे वाले सपा से संभल के सांसद डॉ. शफीकुर्रहमान बर्क एह बेर आरएसएस पर निशाना सधले बानें। सांसद पीएफआई पर लगावल गइल प्रतिबंध के झूठहा प्रोपेगेंडा बतवले बानें। गुरुवार के दिहल बयान में सांसद कहलें कि उनकर जानकारी के हिसाब से पीएफआई गलत कार्यों में शामिल नाइ बा।
ओ पर भाजपा साजिश के तहत प्रतिबंध लगवले बा। सांसद कहलें कि पीएफआई पर त पाबंदी लगा देहले बा, लेकिन आरएसएस पर पाबंदी काहें नाइ लगवलें बा। आरएसएस मुसलमानन के साथ जुल्म करेले। ऊ आगे कहले कि धर्म संसद में मुसलमानन खातिर जहर उगलले बानें। ओसे साफ बा की ई नफरत बढ़ावे के काम करsला।
सांसद आगे कहलें कि भाजपा मुसलमानन के डेरवा रहल बा। एहलिए इस तरह के कार्रवाई कइल जा रहल बा। पीएफआई एक राजनैतिक दल बा। अन्य दल के जइसन उहो काम करेले। ऊ मुल्क के गद्दार नइखें।
359920cookie-checkसपा सांसद बर्क के बोल: PFI पर त पाबंदी लगा दीहल गइल, लेकिन आरएसएस पर काहें नाइ?, मुस्लिमन में पैदा कइल जा रहल डर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.