[the_ad_group id="30365"]

सपा सांसद बर्क के बोल: PFI पर त पाबंदी लगा दीहल गइल, लेकिन आरएसएस पर काहें नाइ?, मुस्लिमन में पैदा कइल जा रहल डर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अपने बयान के ले के चर्चा में रहे वाले सपा से संभल के सांसद डॉ. शफीकुर्रहमान बर्क एह बेर आरएसएस पर निशाना सधले बानें। सांसद पीएफआई पर लगावल गइल प्रतिबंध के झूठहा प्रोपेगेंडा बतवले बानें। गुरुवार के दिहल बयान में सांसद कहलें कि उनकर जानकारी के हिसाब से पीएफआई गलत कार्यों में शामिल नाइ बा।
ओ पर भाजपा साजिश के तहत प्रतिबंध लगवले बा। सांसद कहलें कि पीएफआई पर त पाबंदी लगा देहले बा, लेकिन आरएसएस पर पाबंदी काहें नाइ लगवलें बा। आरएसएस मुसलमानन के साथ जुल्म करेले। ऊ आगे कहले कि धर्म संसद में मुसलमानन खातिर जहर उगलले बानें। ओसे साफ बा की ई नफरत बढ़ावे के काम करsला।
सांसद आगे कहलें कि भाजपा मुसलमानन के डेरवा रहल बा। एहलिए इस तरह के कार्रवाई कइल जा रहल बा। पीएफआई एक राजनैतिक दल बा। अन्य दल के जइसन उहो काम करेले। ऊ मुल्क के गद्दार नइखें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]