[the_ad_group id="30365"]

कइयन के भइल तबादला, बीडीओ आ अंचलाधिकारी लोग के भइल अदला-बदली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान: सुक के जून महीना के अंतिम दिन रहे। कुछ विभागन में विभागीय स्तर से पदाधिकारियन के तबादला कइल गइल तs कुछ विभागन में तीन साल से जमल कर्मियन के जिलाधिकारी मुकुल कुमार गुप्ता एक जगे से दूसरा जगे स्थानांतरण कs दिहलें। जिला स्तर पs जिला अवर निबंधक तारकेश्वर पांडेय के तबादला आरा जिला में जिला अवर निबंधक के रूप में होगइल बा। उनका जगह इहां मधुबनी जिला से पंकज कुमार झा आवत बाड़ें।

जबकि जिला सहकारिता पदाधिकारी सह सेंट्रल को-ऑपरेटिव बैंक के प्रबंध निदेशक निकेश कुमार के तबादला जिला सहकारिता पदाधिकारी गया सह प्रबंध निदेशक सेंट्रल को-ऑपरेटिव बैंक गया के पद पs हो गइल बा। उनका जगह इहां मधुबनी से सौरव कुमार के जिला सहकारिता पदाधिकारी सह सेंट्रल को-ऑपरेटिव बैंक के प्रबंध निदेशक के रूप में तबादला कइल गइल बा। एकरा अलावे कइयन गो बीडीओ आ सीओ के स्थानांतरण कइल गइल बा।

ओहिजा जिला स्तर पs जिलाधिकारी द्वारा मनरेगा, राजस्व कर्मियन के संगे लिपिकन के एने से ओने कइल गइल बा। एने जिला अवर निबंधन के स्थानांतरण से मायूस नवीसन खबर मिलतही उनका से मिले पहुंचल लो। गौर करे वाला बात बा कि ई करीब चार साल के अपना कार्यकाल के दौरान जिला निबंधन कार्यालय सहित उप निबंधन कार्यालयन के सुसज्जित आ बेहतर ढंग से संचालन में आपन अहम जोगदान देले बाड़ें। एहसे उनका से लोग प्रभावित बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]