[the_ad_group id="30365"]

राहुल गांधी के झारखंड हाईकोर्ट से राहत, कवनो तरे के दंडात्मक कार्रवाई पs लागल रोक; मोदी सरनेम से जुड़ल बा ममिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मोदी सरनेम के लेके आपत्तिजनक टिप्पणी ममिला में राहुल गांधी के झारखंड हाई कोर्ट से राहत मिलल बा। अदालत उनका खिलाफ कवनो प्रकार के पीड़क कार्रवाई पs रोक लगा देले बा। उनका अब निचली अदालत में उपस्थित ना होखे के पड़ी।

एह मामिला में अदालत प्रार्थी प्रदीप मोदी के नोटिस जारी कइले  बा। ममिला में अगिला सुनवाई 16 अगस्त के होई। राहुल गांधी निचली अदालत के ओह आदेस के हाई कोर्ट में चुनौती देले नाड़ें, जवना में अदालत उनका के व्यक्तिगत रूप से कोर्ट में उपस्थित होखे के आदेस देले बा।

रांची निवासी प्रदीप मोदी साल 2019 में दिहल राहुल गांधी के ओह बयान के लेके शिकायत दर्ज करवलें बाड़ें, जवना में राहुल गांधी कहलें रहलें कि मोदी सरनेम वाला सब केहू चोर होला। शिकायतकर्ता के आरोप बा राहुल गांधी समूचा मोदी समुदाय के अपमान कइलें बाड़ें।

का बा राहुल गांधी आ मोदी सरनेम के लेके विवाद

बता दीं कि ई ममिला 2019 के बा। रांची के मोरहाबादी मैदान में लोकसभा चुनाव खातिर प्रचार करे के दौरान राहुल गांधी नरेंद्र मोदी, नीरव मोदी आ ललित मोदी के जिकिर करत कहलेे रहस कि ‘सब मोदी सरनेम वाला चोर बा’। एकरा के लेके अधिवक्ता प्रदीप मोदी कोर्ट में शिकायतवाद दर्ज करवले बाड़ें। याचिका में कहल गइल बा कि राहुल गांधी के टिप्पणी से पूरा मोदी समाज आहत बा, एहसे उनका खिलाफ कानूनी कार्रवाई कइल जाव।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]