[the_ad_group id="30365"]

छपरा के अंवारी में नलजल के पानी टंकी में छुपाके रखल रहे अंग्रेजी शराब 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अंवारी पंचायत के वार्ड संख्या-10 में शराब कारोबारी नल जल के पानी टंकी के अवैध शराब भंडारण में उपयोग करत रहलें सs। टंकी से रोजाना पानी के संचालन होत रहे अउर टंकी से अंग्रेजी शराब के बड़ खेप के छुपाके अवैध कारोबारो जारी रहे। ई गुप्त जानकारी पुलिस के मिलला पs पुलिस छापेमारी कs के अंग्रेजी शराब के दर्जनन कार्टन के बरामद कइलस। पुलिस के अनुसार बरामद कइल शराब के कुल मात्रा 640 लीटर बतावल जाता।

पुलिस अलग-अलग मात्रा वाली बोतलन के कार्टून के संगे अंग्रेजी शराब के टेट्रा फ्रूटी पैक के बरामद कइले बिया। हालांकि छापामारी के दौरान पुलिस केहु के गिरफ्तार करे में सफल ना हो सकल। थानाध्यक्ष के अनुसार समूचा ममिला के तफ्तीश जारी बा। धंधा में सामिल सब लोगन के चिन्हित कs लिहल गइल बा अउर प्राथमिकी दर्ज कs के कार्रवाई कइल जा रहल बा। फिलहाल पुलिस कारोबारियन के नाम के खुलासा नइखे कइले, बाकिर मिलल जानकारी के अनुसार सात लोगन पs पुलिस प्राथमिकी दर्ज भइल बा। एकरा संगही शराब बरामदगी के लेके पुलिस पानी टंकी के संचालन कs रहल पूर्व वार्ड सदस्य मनोज कुमार से पूछताछ करत बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]