Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ओडिशा में ट्रेन मालगाड़ी से टकराईल,50 के मउत: 350 से जादा घायल; काल CM पटनायक घटनास्थल पे जईहे

612

ओडिशा के बालासोर में बियफे के साँझ एगो मालगाड़ी से टकरा के कोरोमंडल एक्सप्रेस पटरी से उतर गइल। समाचार एजेंसी के मुताबिक ए दुर्घटना में 50 लोग के मउत हो चुकल बा। 350 से अधिका यात्री घायल बाड़े। ट्रेन के 8 बोगी पलट गईल। इंजन मालगाड़ी में चढ़ गईल।

राहत आ बचाव के काम चल रहल बा। बालासोर के लगे एगो अवुरी ट्रेन दुर्घटना भी भईल। बेंगलुरु हावड़ा सुपरफास्ट के कुछ बोगी इहाँ पटरी से उतर गईल। अभी तक ए दुर्घटना में घाही लोग के बारे में जानकारी नईखे मिलल।

कोरोमंडल एक्सप्रेस के पटरी से उतरला से घायल यात्रियन के बहानागा के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। बालासोर आ आसपास के अन्य जिला से भी मदद खातिर मेडिकल टीम भेजल गइल बा। ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक ए दुर्घटना पे दुख जतवले। कहलस- हम त अबे ट्रेन दुर्घटना के स्थिति के समीक्षा कईले बानी। काल्हु सबेरे ओह जगहा पे जाइब।

प्रशासन दुर्घटना के संबंध में इमरजेंसी कंट्रोल रूम नंबर 6782262286 जारी कईले बा। एह रूट पर 6 गो ट्रेन रद्द कर दिहल गइल बा. कुछ ट्रेन के रूट बदल दिहल गइल बा.

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ओडिशा के बालासोर जिला में भईल ट्रेन दुर्घटना पे दुख जतवले। उ केंद्रीय रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव से बात कईले अवुरी स्थिति के जायजा लेले।

 

एएनडीआरएफ के टीम मौका पे पहुंच गईल

ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक राज्य मंत्री प्रमिला मल्लिक अवुरी विशेष राहत आयुक्त (एसआरसी) के तुरंत दुर्घटना स्थल पे पहुंचे के निर्देश देले। मंत्री अवुरी (एसआरसी) मौका पे पहुंच रहल बाड़े। बालासोर रेलवे स्टेशन (बीएलएस) से पहिला 22 सदस्यीय एनडीआरएफ टीम मौका पे पहुंच चुकल बा।

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी एह हादसा पे दुख जतवली। कहली- बंगाल से यात्रियन के लेके आ रहल शालीमार-कोरोमंडल एक्सप्रेस बालासोर के पास मालगाड़ी से टकरा गई। हमनी के ओडिशा सरकार आ दक्षिण पूर्वी रेलवे के साथे मिलजुल के काम कर रहल बानी जा। ओडिशा सरकार के मदद खातिर 5-6 सदस्यन के टीम मौका पे भेजल जा रहल बा।

दुनु ट्रेन एके लाइन पे आवत रहे

बतावल जाता कि इ दुर्घटना दुनो ट्रेन के एकही लाइन पे पहुंचला के चलते भईल। रेलवे ट्रैक पे खराब सिग्नल के चलते दुनो ट्रेन एकही पटरी पे टकरा गईल।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक इ ट्रेन शालीमार स्टेशन से दुपहरिया 3.15 बजे निकलल। ओडिशा के बालासोर से 40 किलोमीटर दूर बहानागा स्टेशन के लगे शाम 7:20 बजे मालगाड़ी से टकरा के पटरी से उतर गईल।

हेल्पलाइन नंबर

हावड़ा: 033-26382217

खड़गपुर : 8972073925, 9332392339

बालासोर : 8249591559, 7978418322 कोलकाता शालीमार : 9903370746

556810cookie-checkओडिशा में ट्रेन मालगाड़ी से टकराईल,50 के मउत: 350 से जादा घायल; काल CM पटनायक घटनास्थल पे जईहे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.