[the_ad_group id="30365"]

Coromandel Express Train Accident: ओडिशा में पटरी से उतरल कोरोमंडल एक्सप्रेस, 233 लोगन के मउत, कई लोग घायल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दुर्घटना शुक्रवार के सांझ के करीब 7 बजे भईल। दुनो ट्रेन के कम से कम 12 कोच पटरी से उतर गईले अवुरी कम से कम 4 कोच रेल लाइन से बहुत आगे निकल गईले।

Coromandel Express Train Accident: ओडिशा के बालासोर जिला के बहनागा रेलवे स्टेशन के नजदीक कोरोमंडल एक्सप्रेस ट्रेन दुर्घटनाग्रस्त हो गईल, जवना में नाहियो त 233 लोगन के मउत हो गईल। उहाँ सैकड़ों लोग घायल हो चुकल बाड़े। बहनागा स्टेशन के लगे 12841 शालीमार-चेन्नई कोरोमंडल एक्सप्रेस के कई गो कोच पटरी से उतर के दोसरा लाइन पे गिर गइल। रेलवे प्रवक्ता अमिताभ शर्मा बतवले कि शालीमार-चेन्नई कोरोमंडल एक्सप्रेस के 10-12 कोच बालासोर के नजदीक पटरी से उतर के दोसरा पटरी पे गिर गईल। कुछ समय बाद यशवंतपुर से हावड़ा जाए वाली एगो अवुरी ट्रेन ओ पटरी से उतरल कोच से टकरा गईल, जवना के नतीजा में ओकर 3-4 कोच पटरी से उतर गईले।

प्रशासन दुर्घटना के संबंध में इमरजेंसी कंट्रोल रूम नंबर 6782262286 जारी कईले बा। एह रूट पे 6 गो ट्रेन रद्द कर दिहल गइल बा. कुछ ट्रेन के रूट बदल दिहल गइल बा।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ओडिशा के बालासोर जिला में भईल ट्रेन दुर्घटना पे दुख जतवले। उ केंद्रीय रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव से बात कईले अवुरी स्थिति के जायजा लेले।

एएनडीआरएफ के टीम मौका पे पहुंच गईल

ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक राज्य मंत्री प्रमिला मल्लिक अवुरी विशेष राहत आयुक्त (एसआरसी) के तुरंत दुर्घटना स्थल पे पहुंचे के निर्देश देले। मंत्री अवुरी (एसआरसी) मौका पे पहुंच रहल बाड़े। बालासोर रेलवे स्टेशन (बीएलएस) से पहिला 22 सदस्यीय एनडीआरएफ टीम मौका पे पहुंच चुकल बा।

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी एह हादसा पे दुख जतवली। कहली- बंगाल से यात्रियन के लेके आ रहल शालीमार-कोरोमंडल एक्सप्रेस बालासोर के पास मालगाड़ी से टकरा गई। हमनी के ओडिशा सरकार आ दक्षिण पूर्वी रेलवे के साथे मिलजुल के काम कर रहल बानी जा। ओडिशा सरकार के मदद खातिर 5-6 सदस्यन के टीम मौका पे भेजल गइल।

दुनु ट्रेन एके लाइन पे आवत रहे

बतावल जाता कि इ दुर्घटना दुनो ट्रेन के एकही लाइन पे पहुंचला के चलते भईल। रेलवे ट्रैक पे खराब सिग्नल के चलते दुनो ट्रेन एकही पटरी पे टकरा गईल।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक इ ट्रेन शालीमार स्टेशन से दुपहरिया 3.15 बजे निकलल। ओडिशा के बालासोर से 40 किलोमीटर दूर बहानागा स्टेशन के लगे शाम 7:20 बजे मालगाड़ी से टकरा के पटरी से उतर गईल।

हेल्पलाइन नंबर

हावड़ा: 033-26382217

खड़गपुर : 8972073925, 9332392339

बालासोर : 8249591559, 7978418322 कोलकाता शालीमार : 9903370746

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]