[the_ad_group id="30365"]

Bihar : स्टेज पे गाना गावत रहली इ फेमस भोजपुरी सिंगर, अचके से लगल गोली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

सरकार अवुरी प्रशासन लगातार फायरिंग पे नियंत्रण करे के बात करता, लेकिन ए दिशा में कवनो ठोस कदम नईखे उठावल जाता। एकरा चलते हर्ष फायरिंग में मौत अवुरी घायल होखे के घटना लगातार होखता। एही बीच एकर शिकार भोजपुरी के मशहूर लोक गायिका निशा उपाध्याय भी रहली, जिनके एगो कार्यक्रम के दौरान गोली मारल गईल रहे। हड़बड़ी में पहिले उनुका के इलाज खातीर निजी अस्पताल में भर्ती करावल गईल अवुरी ओकरा बाद पटना के मैक्स अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनुकर इलाज चलता। घटना जनता बाजार के ह जहां निशा कार्यक्रम करत रहली। उ सारण जिला के गरखा प्रखंड अंतर्गत गौहर बसंत के निवासी हई। भोजपुरी के मशहूर गायिका निशा उपाध्याय बहुत कम समय में खूब प्रसिद्धि आ नाम कमा चुकल बाड़ी, बहुत लोग उनुका भोजपुरी गीतन के पागल बाड़े।

हर्ष फायरिंग के गोली 

निशा उपाध्याय बतवली कि उ जनता बाजार में एगो कार्यक्रम में आपन प्रस्तुति देत रहली। एही बीच उहाँ के कुछ लोग हर्ष फायरिंग करे लगले। कार्यक्रम चलत रहे कि अचानक गोली उनका गोड़ में लाग गईल। निशा उपाध्याय बतवली कि उनुका पता ना चलल कि गोली कब उनुका पे लागल। जब उनका जरल सनसनी महसूस भइल त उनका पता चलल कि उनका के गोली मारल गइल बा। फायरिंग के जानकारी मिलते अराजकता के माहौल बन गईल। कार्यक्रम के तुरंत आयोजक के ओर से स्थगित क दिहल गईल। ओकरा के तुरंत स्थानीय लोग स्थानीय अस्पताल ले गईले। ओकरा बाद उनुका के पटना के मैक्स अस्पताल पहुंचावल गईल, निशा के गोली लगला के जानकारी मिलला के बाद उनुकर परिवार के लोग भी छपरा से पटना पहुंचले। फिलहाल उनुकर इलाज मैक्स अस्पताल में चलता, जहां उनुकर हालत ठीक बा।

पुलिस हर्ष फायरिंग के तलाश में लागल

कार्यक्रम के दौरान फायरिंग करेवाला मौका से फरार हो गईले। घटना के जानकारी मिलते स्थानीय पुलिस मौका पे पहुंच के जांच शुरू क देलस। पुलिस ए मामला में आयोजक से भी पूछताछ करतिया।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]