[the_ad_group id="30365"]

बड़ हादसा टलल: बिना इंजने के आगे बढ़ल मालगाड़ी, 4 डिब्बा पटरी से उतरल, रेल विभाग में हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समस्तीपुर: बालासोर में भइल भीषण रेल हादसा के बादो रेल प्रशासन अपना एह चूक से कवनो तरे के सबक लेता नजर नइखे आ रहल। इहे वजह बा कि देस के अलग-अलग हिस्सन में छुटपुट रेल हादसा सामने आ रहल बा। ताजा ममिला बिहार के समस्तीपुर जिला के हs, जहाँ मालगाड़ी के चार डिब्बा पटरी से उतर गइल। (Train accident in samastipur) हालाँकि, डिरेल के जवन वजह सामने आइल बा उ रेल विभागो के हैरान कs देले बा। एस घटना में कवनो तरे के जनहानि के खबर नइखे मिलल।

असल में, कर्पूरीग्राम रेलवे स्टेशन के रैक प्वाइंट पs सीमेंट अनलोड होत रहे। मजदूर मालगाड़ी के बोगी से सीमेंट उतारके ट्रक में लोड करत रहे लो, तबे इंजन आगे बढ़ गइल। एह दौरान इंजन में कवनो ड्राइवर मवजूद ना रहे। बिना ड्राइवर के मालगाड़ी आगे बढ़ गइल आ तनिका दूर जाके चार पहिया पटरी से नीचे उतर गइल। घटना के जानकारी मिलला के बाद रेलकर्मियन में हड़कंप मच गइल। आनन-फानन में रेलवे के अधिकारी मवका पs पहुंचल लो।

एह ममिला में केहूओ अधिकारी कुछ बोले के तइयार नइखे लो।हालांकि रेलकर्मियन के कहनाम बा कि इंजन जहां लागल रहे उहां ढलान रहे एही वजह से ऊ आगे बढ़ गइल। एह घटना के बाद मवका पs बचाव आ राहत कार्य के टीम पs पहुंचल बिया आ बेपटरी भइल इंजन के पटरी पs ले आवे के कोसिस कइल जा रहल बा। (Train accident in samastipur) बतावल जा रहल बा एह हादसा के ट्रेनन के आवागमन पs कवनो असर नइखे पड़ल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]