[the_ad_group id="30365"]

वंदे भारत रांची से पटना खातिर रवाना: पीएम मोदी वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग से दिखवलें हरियर झंडी; लोग लगावल वंदे मातरम् के नारा  

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रांची-पटना वंदे भारत ट्रेन रांची से पटना खातिर रवाना हो गइल  बिया। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से हरियर झंडी देखवलें। जवना के बाद सबेरे 10:53 पs ट्रेन पटना के खातिर चल पड़ल। 6 घंटा में ई पटना पहुंची।

ट्रेन के लेके लोगन में खासा उत्साह दिखल। वंदे भारत जइसही रांची स्टेशन से खुलल। लोग वंदे मातरम् के नारा लगावल। वंदे भारत के पायलट बालमुचू चला रहल बाड़ें। उनका संगे लोको पायलट मनोज कुमार बाड़ें। एह ट्रेन के मैनेजर अशोक पांडेय बाड़ें।

एह कार्यक्रम में झारखंड के राज्यपाल सीपी राधाकृष्णन शिरकत कइलें। संगही परिवहन मंत्री चंपई सोरेन, जेएमएम सांसद महुआ माजी, बीजेपी सांसद दीपक प्रकाश, सांसद संजय सेठ, सांसद जयंत सिन्हा, सांसद अन्नपूर्णा देवी रांची रेलवे स्टेशन पहुंचल लो। रांची रेलवे स्टेशन पs सांस्कृतिक कार्यक्रम भइल।

वंदे भारत में अलग-अलग स्कूल के 100 छात्र यात्रा कs रहल बा लो। एमे से कइयन छात्र प्रधानमंत्री मोदी के पेंटिंग बनवलें बा लो। इनकर कहनाम बा कि मोदी एह लोगन के रोल मॉडल बाड़ें। यई लईका पीएम मोदी के आत्मनिर्भर भारत से बहुते इन्स्पायर कइलें बाड़ें। एहिसे ई पेंटिंग बनवलें बा लो।

संगही कहल लो कि हम लोग एह ट्रेन के पहिला पैसेंजर हs आ बहुते जादे एक्साइटेड बा लो। जर्नी के एक्साइमेंट में हमनी के रात भर नींद नइखे आइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]