[the_ad_group id="30365"]

सोनभद्र में दर्दनाक हादसा: बेकाबू बोलेरो बाइक के मरलस टक्कर, शादी समारोह से लवटत भाई-बहन अउर भांजी के भइल मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोनभद्र जिला में बड़ सड़क हादसा भइल बा। ओबरा के नगर पंचायत बैरियर स्थित जुल्गुल माइंस मोड़ के लग्गे रात भीषण हादसा हो गइल। तेज रफ्तार बोलेरो के चपेट में अइले से बाइक सवार भाई-बहन अउर भांजी के मौत हो गइल। तीनों एगो शादी समारोह से घरे लौटत रहनें। पुलिस तीनो जनी के शव के कब्जा में ले लिहले बा।

नगर के अंबेडकर चौराहा निवासी वसीम अहमद (27) पुत्र स्व.हमीद, हिना (20) पुत्री स्व. हमीद अउर उनकर भांजी इस्मा (16) पुत्री सुल्तान वारसी भलुआ टोला स्थित एगो होटल में एगो शादी समारोह में शामिल होखे गइल रहनें। रात करीब 12 बजे तीनो जनी बाइक पर सवार हो के समारोह से अपने घर लवटत रहनें।

एही दौरान ओबरा से चोपन की तरफ जा रहल अनियंत्रित बोलेरो नगर पंचायत बैरियर जुल्गुल माइंस मोड़ के लग्गे जोरदार टक्कर मार दिहलस। टक्कर के बाद बाइक लगभग 100 मीटर तक बोलरो के संगे घिसरात बैंक आफ इंडिया शाखा तक गइल।

हादसा में बाइक सवार भाई बहिन अउर भांजी की मौत हो गइल। घटना के बाद मौका पर भारी भीड़ जमा हो गइल। बोलेरो चालक मौका से फरार हो गइल। एसओ मिथिलेश मिश्र बतवलें कि शव के कब्जा में ले लिहल गइल बा। बोलेरो चालक के तलाश कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]