विश्व प्रसिद्ध सोनपुर मेला में झूला टूटल, 6 घायल: मचल भगदड़, 5 घायल सोनपुर में भरती, एक के गंभीर हालत में पटना ले आवल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2022

विश्वप्रसिद्ध सोनपुर मेला में अतवार के बड़ हादसा हो गइल। झूला टूटला से ओह पs सवार 6 लोग जमीन पs गिर गइल। एह हादसा में पांच घायल के अस्पताल में भरती करावल गइल। एमे से

Share

विश्वप्रसिद्ध सोनपुर मेला में अतवार के बड़ हादसा हो गइल। झूला टूटला से ओह पs सवार 6 लोग जमीन पs गिर गइल। एह हादसा में पांच घायल के अस्पताल में भरती करावल गइल। एमे से एक के इस्थिति गंभीर बनल बा। ओकरा के पटना रेफर कइल गइल बा। पांच लोगन के सोनपुर में इलाज चल रहल बा।

संडे होखला के वजह से मेला में बहुते भीड़ जुटल बा। लोगन के मोताबिक झूला सेक्टर में बहुते संख्या में लोग मवजूद रहे। मेला में लागल सबसे बड़ झूला के व्हील सेट टूट गइल। ओकरा टूटला से 6 लोग नीचे आ गिरल। आनन-फानन में झूला रोकल गइल। घायलन के अस्पताल ले जाइल गइल। एमे से चार घायलन के उहां भर्ती करावल गइल। जबकि गंभीर रूप से झुलसल अमन खान के पटना रेफर कइल गइल बा।

मच गइल भगदड़

झूला टूटला के आवाज सुनले झूला सेक्टर में हड़कंप मच गइल। लाेग दउरके मवका पs पहुंचल। कवनो तरे से झूला के रोकल गइल। पुलिस मवका पs पहुंचल। फायर ब्रिगेड के बोलावल गइल। घायलन के अस्पताल ले जाइल गइल। घायलन में रुख़सार खानम (31 वर्ष) पति मो.शहजाद, गिरीश कुमार (55 वर्ष) पिता सुरेश प्रसाद, अमन खान (19 वर्ष) पिता अली ईमाम, अमन खान (18 वर्ष) पिता वाहिद खान, रत्नेश कुमार(18 वर्ष) पिता हरे राम सिंह आ राम विनोद प्रसाद राय( 60 वर्ष) पिता राजदेव राय सामिल बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.