[the_ad_group id="30365"]

Road Accident: गोरखपुर में दर्दनाक हादसा, रोडवेज बस के चपेट में आने से बाइक सवार भाई-बहन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में सोमार के बड़ हादसा भइल बा। हादसा में भाई-बहिन के मौत हो गइल। दुनो के मौत से परिवार में कोहराम मचल बा। पुलिस शवन के कब्जा में लेके जांच सुरू कs देले बिया।

जानकारी के मोताबिक, बड़हलगंज थाना इलाका के भाटपार तरैना पुल पs रोडवेज के चपेट में अइला से भाई बहिन के मौत हो गइल बा। क्षेत्र के टाड़ा गांव में रहे वाला रामसकल मौर्य के 22 बरिस के लईका नीतीश आ 25 बरिस लईकी सोमार के सबेरे बाइक से गोरखपुर जात रहे लो।

जइसही ऊ तरैना पुल पs पहुंचल रहे लो कि पीछे से आ रहल रोडवेज बस के चपेट में आ गइल। जवना में मवका पs दुनो के मौत हो गइल। पुलिस शवन के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। ओहिजा रोडवेज के गगहा पुलिस कब्जा में ले लिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]