[the_ad_group id="30365"]

प्रयागराज में भीषण हादसा: तेज रफ्तार टवेरा पोल से टकराइल, पांच लोग के मौत, दर्शन करे विंध्याचल जात रहलें सब लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोरांव थाना क्षेत्र के शिवगढ़ से विंध्याचल दर्शन खातिर जात श्रद्धालुअन के टवेरा कार बियफ़े के सुबह बिजली के पोल से टकरा गइल। एह हादसा में टवेरा कार में सवार एक्के परिवार के 4 महिला समेत पांच लोग के मौके पर ही मौत हो गइल। जान गंवावे वालन में एक बालिका भी शामिल बाड़ी। हादसा जानकारी मिलले के बाद पुलिस मौका पर पहुंच गइल।

हंडिया टोल प्लाजा के लग्गे हादसा सुबह करीब 6:40 पर भइल। टवेरा गाड़ी क्रमांक यूपी 78 बीक्यू 3601 से ग्राम सराय लाल उर्फ शिवगढ़ थाना सोरांव जिला प्रयागराज से चल के विंध्याचल दर्शन करे जा रहल श्रद्धालुअन के टवेरा हड़िया टोल प्लाजा से पहिले बिजली के पोल से टकरइले के कारण अनियंत्रित हो गइल। जेसे मौका पर 4 महिला, 01 बेटी के कुल ,पांच के मौत हो गइल।

मृतकों में रेखा पत्नी संजय अग्रहरी,रेखा पत्नी रमेश, कृष्णा देवी पत्नी श्यामलाल,कविता पत्नी दिनेश अउर एक बरिस कुमारी ओजस शामिल बानें। घायलन में उमेश पुत्र श्यामलाल, प्रिया पत्नी उमेश, गोटू पुत्री रमेश, ऋषभ पुत्र राम सजीवन अग्रहरि, चालक इरशाद समस्त निवासी शिवगढ़ के उपचार हेतु सीएचसी उपरदहा भेजल गइल बा। शव के एंबुलेंस से एसआरएन मर्चरी खातिर भिजवा दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]