[the_ad_group id="30365"]

कोडरमा-मानपुर रेलखंड में मालगाड़ी के भइल ब्रेकफेल, 53 वैगन बेपटरी, यातायात प्रभावित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धनबाद रेल मंडल के कोडरमा आ मानपुर रेलखंड के बीचे गुरपा स्टेशन प सबेरे 06.24 बजे कोयला लदल मालगाड़ी के 53 वैगन पटरी से उतर गइल। एह वजह से गया-धनबाद रूट के अप आ डाउन लाइन प रेल यातायात बाधित बा। हालांकि एह घटना में केहू हताहत नइखे भइल। रेलवे के अधिकारियन के मोताबिक बरवाडीह, गया, नेसुचबो गोमो, धनबाद से दुर्घटना राहत यान आ अधिकारियन के टीम घटना स्थल प पहुंच रहल बाड़ी स।

गया के ओर जात रहे मालगाड़ी

प्राप्त जानकारी के मोताबिक कोयला लदल 58 वैगन के मालगाड़ी कोडरमा से गया के ओर जात रहे। कोडरमा से 15 से 20 किलोमीटर के दूरी तय कइला के बाद ट्रेन के ब्रेक फेल हो गइल। एह वजह से 53 वैगन बेपटरी हो गइल। ट्रेन के अधिकांश वैगन बेपटरी हो गइला के वजह से अप आ डाउन दुनो रेल लाइन में यातायात प्रभावित हो गइल बा। कइयन गो ट्रेन प्रभावित भइल बा। राहत के काम कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]