Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोडरमा-मानपुर रेलखंड में मालगाड़ी के भइल ब्रेकफेल, 53 वैगन बेपटरी, यातायात प्रभावित

धनबाद रेल मंडल के कोडरमा आ मानपुर रेलखंड के बीचे गुरपा स्टेशन प सबेरे 06.24 बजे कोयला लदल मालगाड़ी के 53 वैगन पटरी से उतर गइल। एह वजह से गया-धनबाद रूट के अप आ डाउन लाइन प रेल यातायात बाधित बा। हालांकि एह घटना में केहू हताहत नइखे भइल। 

372

धनबाद रेल मंडल के कोडरमा आ मानपुर रेलखंड के बीचे गुरपा स्टेशन प सबेरे 06.24 बजे कोयला लदल मालगाड़ी के 53 वैगन पटरी से उतर गइल। एह वजह से गया-धनबाद रूट के अप आ डाउन लाइन प रेल यातायात बाधित बा। हालांकि एह घटना में केहू हताहत नइखे भइल। रेलवे के अधिकारियन के मोताबिक बरवाडीह, गया, नेसुचबो गोमो, धनबाद से दुर्घटना राहत यान आ अधिकारियन के टीम घटना स्थल प पहुंच रहल बाड़ी स।

गया के ओर जात रहे मालगाड़ी

प्राप्त जानकारी के मोताबिक कोयला लदल 58 वैगन के मालगाड़ी कोडरमा से गया के ओर जात रहे। कोडरमा से 15 से 20 किलोमीटर के दूरी तय कइला के बाद ट्रेन के ब्रेक फेल हो गइल। एह वजह से 53 वैगन बेपटरी हो गइल। ट्रेन के अधिकांश वैगन बेपटरी हो गइला के वजह से अप आ डाउन दुनो रेल लाइन में यातायात प्रभावित हो गइल बा। कइयन गो ट्रेन प्रभावित भइल बा। राहत के काम कइल जा रहल बा।

361790cookie-checkकोडरमा-मानपुर रेलखंड में मालगाड़ी के भइल ब्रेकफेल, 53 वैगन बेपटरी, यातायात प्रभावित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.