[the_ad_group id="30365"]

चूल्हा से निकलल चिंगारी से फुसनुमा पलानी जरके राख, दस हजार नगदी समेत समान जरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना क्षेत्र के जजौली पंचायत के जजौली गांव वार्ड-6 में फुसनुमा पलानी में खाना बनावत घरी आग लाग गइल। ओहिजा पीड़ित रामदेव प्रसाद पिता स्व योगेन्द्र प्रसाद बतवले कि उनकर मेहरारू खाना बनावत रहली। ओहि दौरान पानी ले आवे चल गइली आ चूल्हा से निकलल चिंगारी से पलानी में आग लाग गइल। आग देखते  देखते विकराल रूप धारण क लेलस आ जब ले अगल बगल के लोग पहुंचित तब तक आग सब कुछ जराके राख क देलस।

आग खाये पीये के सामान, कपड़ा बिछावन समेत आउर सामान जराके राख क देहल। ओहिजा महिला बतवली कि उनकर बेटा छठ पर्व करे खातिर दस हजार रुपिया भेजले रहस उहो जरके राख हो गइल। घटना के सूचना मिलतही पंचायत के मुखिया प्रतिनिधि वरूण यादव पीड़ित के दुआरी प पहुंच के हाल चाल जनले आ सरकारी मुवाअजा दिलवावे के भरोसा दियवलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]