Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

STET 2024 के परीक्षा स्थगति , सारण जिला के चार केंद्र पs होखे वाला रहे परीक्षा

390
Google Ads 300*250 for posts

सारण जिला के 4 परीक्षा केन्द्रों पs दिनांक 22 मई एवं 23 मई के आयोजित होखे वाला माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा (STET) – 2024 (प्रथम) अपरिहार्य कारणन से स्थगित कs देवल गइल बा।

लोकसभा चुनाव के मतदान के पांचवा चरण के दउरान सारण में भाजपा राजद के बीच हिंसात्मक गतिविधि भइल ओकरा बाद जिला प्रशासन तत्काल दु दिन ला जिला में इंटरनेट सेवा बंद कs देहल गइल बा।

बाकी परीक्षा स्थगित के कारण जिला प्रशासन अपरिहार्य कारण बतावत बिया ।

जिला प्रशासन अपना X हैंडल से काल दिनाक  21 may के राती तकरीबन 8 :12 pm पs परीक्षा के स्थगित होखे के घोषणा कइलस। हालाकि ई परीक्षा कब होई कइसे होई एकर तत्कालीन कवनो जानकारी नइखे आइल।

 

 

837790cookie-checkSTET 2024 के परीक्षा स्थगति , सारण जिला के चार केंद्र पs होखे वाला रहे परीक्षा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.