Bihar Politics : ‘चाय पी रहल समर्थकन पऽ…’, छपरा हिंसा पऽ RJD देलस भाउक रिएक्शन; BJP से कहलस ई बात

By Anurag Ranjan

Published on: May 22, 2024

Bihar Politics : छपरा में हिंसा के लेके सियासत तेज बा। भाजपा लगातार एह घटना खातिर राजद के जिम्मेदार ठहरा रहल बिया। उहे राजद एह घटना के लेके भाजपा पs ठीकरा फोड़ देले बिया। राजद

Share

Bihar Politics : छपरा में हिंसा के लेके सियासत तेज बा। भाजपा लगातार एह घटना खातिर राजद के जिम्मेदार ठहरा रहल बिया। उहे राजद एह घटना के लेके भाजपा पs ठीकरा फोड़ देले बिया। राजद कहलस कि भाजपा काफी बौखलाहट में बिया एहिसे हिंसा पs उतारू हो गइल बिया। बता दी कि चुनावी रंजिश के बाद छपरा में गोली कांड के बाद एगो व्यक्ति के मौत हो गइल बा।

सारण में चुनाव के बाद हिंसा आ राजद (RJD) कार्यकर्ता के हत्या के ठीकरा राजद भाजपा पs फोड़ले बा। राजद के ओर से मंगर के बयान जारी कऽ के कहल गइल कि हार के बौखलाहट में भाजपा अब हिंसा पs उतारू हो गइल बिया।

राजद प्रवक्ता चितरंजन गगन मंगर के बयान जारी कऽ के कहले कि छपरा के भिखारी चौक के लगे चाय पी रहल राजद समर्थकन पs भाजपा कार्यकर्ता के ओर से अंधाधुंध गोली चलावल गइल, जवना में एगो व्यक्ति के मौत घटनास्थले पs हो गइल बा। दू लोगन के गंभीर अवस्था में पीएमसीएच में भर्ती करावल गइल।

रोहिणी आचार्य पऽ जानलेवा हमला कइल गइल – राजद

एमें एक आदमी के इस्थिति काफी नाजुक बा, ओकरा सिर में गोली मारल गइल बा। उऽ आरोप लगवले कि एकरा से पहिले राजद प्रत्याशी डॉ. रोहिणी आचार्य (Rohini Acharya) के निरीक्षण के दौरान भाजपा समर्थकन के ओर से उनका के खराब गारी दिहल गइल। उनका पs जानलेवा हमला कइल गइल बा।

उऽ आगे कहले कि समर्थकन के ओर से इस्थिति के तनावपूर्ण बनावे के काफी प्रयास कइल गइल। बाकिर राजद समर्थकन काफी संयम के परिचय देत भाजपा के मानसा पs पानी फेर देले।

उऽ कहले कि जवना तरे समाज के सभ जाति, वर्ग आ धर्म के लोगन के समर्थन राजद आ महागठबंधन उम्मीदवारन के मिल रहल बा, ओकरा से भाजपा काफी बौखला गइल बिया आ बिहार के शांतिपूर्ण माहौल के बिगाड़ल चाहत बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.