दक्षिण कोरिया के राष्ट्रपति यून सुक येओल के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा. बता दीं कि दक्षिण कोरिया में यून के महाभियोग के सामना करे के पड़त रहे आ उनुका ऊपर गिरफ्तारी के तलवार लटकल रहे. दक्षिण कोरिया के अधिकारी 3 दिसंबर के मार्शल लॉ के घोषणा से जुड़ल मामला में इsयूं समर्थक आ सुरक्षाकर्मी के बीच झड़प के कार्रवाई कईले बाड़े।
मिलल जानकारी के मुताबिक सबेरे येओल के घर के नजदीक तीन हजार से जादे पुलिस अधिकारी अवुरी भ्रष्टाचार विरोधी जांचकर्ता जुटल रहले अवुरी एs दौरान यून सुक के समर्थक अवुरी सत्ताधारी पीपुल्स पावर पार्टी के सदस्य सुरक्षा बल से भी झड़प कईले। एह दौरान बहुत लोग के हिरासत में लिहल गईल। एह सब अड़चन के बीच अब यून सुक येओल के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा.