पंजाब में लुधियाना के लगे ट्रेन में लागल आग, यात्रियन में मच गईल अफरा-तफरी

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 15, 2025

पंजाब के लुधियाना में एगो बड़ ट्रेन दुर्घटना लगभग हो गईल। खबर के मुताबिक मंगल के देर सांझ लुधियाना के खन्ना के नजदीक दिल्ली जाए वाली शान-ए-पंजाब एक्सप्रेस ट्रेन के कोच के ब्रेक में आग

Share

लुधियाना के लगे ट्रेन में लागल आग

पंजाब के लुधियाना में एगो बड़ ट्रेन दुर्घटना लगभग हो गईल। खबर के मुताबिक मंगल के देर सांझ लुधियाना के खन्ना के नजदीक दिल्ली जाए वाली शान-ए-पंजाब एक्सप्रेस ट्रेन के कोच के ब्रेक में आग लाग गईल। ब्रेक के जानकारी मिलते यात्री में दहशत मच गईल। अधिकारी बतवले कि अमृतसर-दिल्ली के बीच चलत ट्रेन लुधियाना रेलवे स्टेशन से रवाना भईला के बाद भईल। उs बतवले कि करीब 25 किलोमीटर के दूरी तय कईला के बाद एगो कोच के ब्रेक में आग लाग गईल। धुआं बढ़त देख के कुछ यात्री डेरा गईले अवुरी हल्ला मचावे लगले।

चावा-पायल स्टेशन पs बुझावल गईल आग

अधिकारी बतवले कि शान-ए-पंजाब एक्सप्रेस के चावा-पायल रेलवे स्टेशन पs रोक के आग बुझा दिहल गईल। बता दीं कि पिछला बियफ़ें के झारखंड के पलामू जिला में एगो निरीक्षण ट्रेन में आग लाग गईल रहे, जवना के चलते एs इलाका में एक घंटा से जादे समय ले रेल सेवा बाधित रहे। एकरा बारे में जानकारी देत ​​एगो अधिकारी बतवले रहले कि इs घटना गढ़वा रोड जंक्शन स्टेशन पs भईल बा, हालांकि कवनो जानमाल के नुकसान नईखे भईल। अधिकारी के मुताबिक, ‘प्रारंभिक जांच से पता चलल बा कि ट्रेन में लागल आग शार्ट सर्किट के चलते भईल बा।’ हालांकि एs घटना के पीछे के असली कारण के बारे में विस्तृत जांच के बाद ही पता चली।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.