[the_ad_group id="30365"]

एजेंसियन के जांच के दबाव में भाजपा में सामिल भइल हमनी  के कइयन लोग, शरद पवार NCP के बागी धड़ा पs सधलें निशाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (NCP) के संस्थापक शरद पवार अतवार के भतीजा अजित पवार के संगे महाराष्ट्र सरकार में सामिल भइल पार्टी नेता लोगन पs निशाना सधलें। ऊ कहलें कि कुछ नेता प्रवर्तन निदेशालय (ED) के जांच के घेरा में रहे लो आ ऊ  लोग जांच के सामना ना कइल चाहत रहे लो, एह वजह से सरकार में सामिल हो गइल लो।

का बा पूरा ममिला?

बता दीं कि अजित पवार आ उनकर कइयन समर्थक लोग शरद पवार के झटका देत एकनाथ सरकार के आपन समर्थन दे देले रहे। जवना के बाद अजित पवार के उपमुख्यमंत्री पद के शपथ दिलावल गइल रहे। अइसन में शरद पवार पुणे में आयोजित एगो कार्यक्रम में एह घटनाक्रम के उल्लेख करत बागी नेता लोगन पs निशाना सधलें।

शरद पवार का कुछ कहलें?

एनसीपी संस्थापक कहलें कि हाले में हमनी के कुछ लोग सरकार में सामिल भइल बा। ऊ कह रहल बा लोग कि ऊ लोग विकास के मुद्दा पs गइल रहे, बाकिर एकर कवनो खास मतलब ना रहे। ओमे से कुछ ईडी जांच के घेरा में रहे लो आ जांच के सामना ना कइल चाहत रहे लो, बाकिर कुछ लोग जे अनिल देशमुख जइसन रहे ऊ जेल जाइल स्वीकार कs लिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]