Kuwait Fire: कुवैत से केरल लिआवल गइल 45 भारतीयन के शव, कोच्चि हवाई अड्डा पऽ पहुंचले केंद्रीय मंत्री सुरेश गोपी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 14, 2024

Kuwait Fire कुवैत के इमारत में लागल भीषण आग में जर के मरले 45 भारतीयन के पार्थिव शरीर भारत लिआवल गइल बा। लास के विशेष विमान से कोच्चि एयरपोर्ट लिआवल गइल जहां पहिलहीं से एंबुलेंस

Share

Kuwait Fire कुवैत के इमारत में लागल भीषण आग में जर के मरले 45 भारतीयन के पार्थिव शरीर भारत लिआवल गइल बा। लास के विशेष विमान से कोच्चि एयरपोर्ट लिआवल गइल जहां पहिलहीं से एंबुलेंस तैनात रहे। पार्थिव शरीर कोच्चि हवाई अड्डा पs पहुंचला पs एर्नाकुलम रेंज के डीआईजी पुट्टा विमलादित्य कहले कि हमनीं शव प्राप्त करे खातिर सब आवश्यक व्यवस्था पहिलहीं कऽ लेले रहनी।

केरल आ तमिलनाडु से बाड़े जादेतर मृतक

डीआईजी कहले कि हमनी पीड़ित के परिवार के सदस्यन के साथे मिल जुल के काम कइले बानी। शव प्राप्त होखला के बाद उनका उचित तरीका से संबंधित स्थानन पs ले जाइल जाई। बता दी कि 23 गो शव केरल के बा, 7 तमिलनाडु के आ 1 गो कर्नाटक के बा। प्रत्येक शव खातिर एगो समर्पित वाहन उपलब्ध करावल गइल बा।

केरल के मंत्रीयो एयरपोर्ट पहुंचले 

ओने, केरल के राजस्व मंत्री के. राजन कोचीन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डे पs पहुंचले, जहां कुवैत में आग के घटना में 45 भारतीयन के पार्थिव शरीर के लेके भारतीय वायुसेना के विशेष विमान पहुंचल।

इमारत में आग लगला से गइल 45 भारतीयन के जान

बता दी कि कुवैत के अहमदी प्रांत के दक्षिणी मंगाफ के एगो इमारत में लागल भीषण आग में 49 लोगन के मौत हो गइल रहे। एमें 45 गो भारतीयन के जान गइला, जेकर शव अब भारत लिआवल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.