[the_ad_group id="30365"]

बिहार में 10,470 शिक्षकन के ट्रांसफर खुद करिहें अपर मुख्य सचिव, जानीं एकर कारण

शिक्षकन के ट्रांसफर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना : बिहार में शिक्षकन के ट्रांसफर के दायित्व खुद शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव डाॅ. एस सिद्धार्थ अपना कान्ह पs उठा लेले बाड़ें। ऊ खुदे शिक्षकन के ट्रांसफर के आवेदनन के मूल्यांकन करिहें। ट्रांसफर खातिर आवेदन करे वाला शिक्षकन के कुल संख्या 1.90 लाख बा। एमे से 10,470 आवेदन करे वाला शिक्षक गंभीर बेमारियन से पीड़ित, दिव्यांग, विधवा भा परित्यक्त बा लो।

एह लोगन के ट्रांसफर के जिम्मेदारी अपर मुख्य सचिव के कान्ह पs

बिहार में शिक्षकन के ट्रांसफर के प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल। एकरा अंतर्गत कुल 1.90 लाख शिक्षकन के ट्रांसफर कइल जाई। एहुमे 10,470 शिक्षक, जे गंभीर बेमारियन से पीड़ित, दिव्यांग भा विधवा बा। एह लोगन के ट्रांसफर के जिम्मेदारी खुद शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव डाॅ. एस सिद्धार्थ उठवले बाड़ें। अइसन आवेदनन के संगे संलग्न प्रमाणपत्रन के जांच अपर मुख्य सचिव खुद करिहें।

बाकी बचल शिक्षकन के ट्रांसफर करी लो ई अधिकारी

एह शिक्षकन के आवेदनन के जांच अपर मुख्य सचिव डाॅ. एस सिद्धार्थ द्वारा कइला के बाद बाकी बचल, 1.80 लाख शिक्षकन के ट्रांसफर के आवेदन आ मार्कशीट तथा आउर प्रमाणपत्रन के जांच के जिम्मेदारी शिक्षा विभाग द्वारा जिला शिक्षा पदाधिकारियन (डीईओ) के सउपल गइल बा।अपर मुख्य सचिव के ओर हर महीना 5-8 दिनन के अंतराल पs ट्रांसफर लिस्ट जारी कइल जाई।

यह लोगन के दिहल जाई ट्रांसफर में प्राथमिकता

बिहार में शिक्षकन के ट्रांसफर के प्रक्रिया में ओह शिक्षकन के प्राथमिकता दिहल जाई, जवन 1994, 1995, 1998 आदि बैच के बा लो। ओइसे जे केहू ट्रांसफर खातिर आवेदन देले बा, ओह सब शिक्षकन के ट्रांसफर निश्चित तौर पs कइल जाई। ओह शिक्षकन के ट्रांसफर पs फिलहाल खातिर रोक लगा दिहल गइल बा, जे कवनो ना कवनो कारण से निलंबित बा लो। बिहार में वर्तमान समय में लगभग 1700 से जादे शिक्षक निलंबित बा लो।

Read Also: यूपी में गूगल मैप फेर भटकवलस, बिजली के खंभा से भिड़ल श्रद्धालुअन के कार; बेनीराम कटरा में दर्दनाक हादसा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]