[the_ad_group id="30365"]

यूपी: बाराबंकी में बिल्डिंग ढहल, दु लोगन के मउत, 3 से 4 लोगन के मलबा में फंसल होखे के आशंका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

बाराबंकी : यूपी के बाराबंकी में एगो बिल्डिंग गिरला से हड़कंप मचल बा। ए दुर्घटना में दु लोग के मउत के खबर बा अवुरी 3 से 4 लोग मलबा में फंसल बाड़े। बचाव अभियान चलावल जा रहल बा। बाराबंकी के एसपी दिनेश कुमार सिंह के बयान भी ए घटना पs सोझा आईल बा। उ बतवले कि, ‘सबह के तीन बजे के करीब बाराबंकी में एगो बिल्डिंग गिरला के जानकारी मिलल। हमनी के 12 लोग के बचा लेले बानी। हमनी के जानकारी मिलल बा कि अबो 3-4 लोग के मलबा के नीचे फंसल रहे के संभावना बा। मौका पs एसडीआरएफ के टीम मौजूद बा। एनडीआरएफ जल्दिए पहुंच जाई। जवना 12 जने के बचा के अस्पताल में भर्ती करावल गइल ओहमें से 2 जने के मउत हो गइल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]