Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी: बाराबंकी में बिल्डिंग ढहल, दु लोगन के मउत, 3 से 4 लोगन के मलबा में फंसल होखे के आशंका

यूपी के बाराबंकी में एगो बिल्डिंग गिरला से कई लोग के मउत आ घवाही होखे के खबर बा। बचाव अभियान चलावल जा रहल बा।

649

 

 

बाराबंकी : यूपी के बाराबंकी में एगो बिल्डिंग गिरला से हड़कंप मचल बा। ए दुर्घटना में दु लोग के मउत के खबर बा अवुरी 3 से 4 लोग मलबा में फंसल बाड़े। बचाव अभियान चलावल जा रहल बा। बाराबंकी के एसपी दिनेश कुमार सिंह के बयान भी ए घटना पs सोझा आईल बा। उ बतवले कि, ‘सबह के तीन बजे के करीब बाराबंकी में एगो बिल्डिंग गिरला के जानकारी मिलल। हमनी के 12 लोग के बचा लेले बानी। हमनी के जानकारी मिलल बा कि अबो 3-4 लोग के मलबा के नीचे फंसल रहे के संभावना बा। मौका पs एसडीआरएफ के टीम मौजूद बा। एनडीआरएफ जल्दिए पहुंच जाई। जवना 12 जने के बचा के अस्पताल में भर्ती करावल गइल ओहमें से 2 जने के मउत हो गइल बा।

 

 

 

 

635230cookie-checkयूपी: बाराबंकी में बिल्डिंग ढहल, दु लोगन के मउत, 3 से 4 लोगन के मलबा में फंसल होखे के आशंका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.