दिल्ली: वजीरपुर इलाका में बड़ कांड, पिता ने आपन दु गो लइकन के चाकू से गला रेतलस, मासूम के उमिर महज 2 आ 6 साल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 21, 2023

  नई दिल्ली : दिल्ली के वजीरपुर इलाका से एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आईल बा। इहाँ एगो बाप अपना दुनो बच्चा के गला चाकु से काट देले बाड़े। बेटा के उमिर मात्र 6 आ

Share

 

नई दिल्ली : दिल्ली के वजीरपुर इलाका से एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आईल बा। इहाँ एगो बाप अपना दुनो बच्चा के गला चाकु से काट देले बाड़े। बेटा के उमिर मात्र 6 आ 2 साल बा। ए घटना में 2 साल के बच्चा के मउत हो गईल बा अवुरी 6 साल के बच्चा के अस्पताल में भर्ती करावल बा। पिता खुद आत्महत्या करे के कोशिश कईले अवुरी अस्पताल में भी भर्ती बाड़े।

 पूरा बात का बा?

मिलल जानकारी के मुताबिक राकेश नाम के एगो आदमी अपना पत्नी से झगड़ा के बाद इ कदम उठवले। उ अपना दुनो बच्चा के गला काट देले अवुरी ओकरा बाद अपना के चाकू से वार कs देले। एह घटना में एगो बच्चा के मउत हो गईल। अस्पताल में एगो बच्चा अवुरी आरोपी पिता के इलाज चलता।

पुलिस के कहनाम बा कि सोमवार के रात में राकेश के पत्नी से कवनो मुद्दा प झगड़ा भईल रहे। झगड़ा के बाद पत्नी नीचे गईल रहली, जब वापस अईली त देखली कि तीनों (बाप अवुरी दु बच्चा) खून से भींजल बाड़े। जवना के बाद तीनों के अस्पताल पहुंचावल गईल। इहाँ एगो 2 साल के बच्चा के मौत हो गईल, जबकि राकेश अवुरी बड़ बेटा के इलाज चलता।

हाल ही में तिलक नगर में गोलीकांड भईल 

वजीरपुर घटना से पहिले हाल ही में तिलक नगर में भी गोलीकांड के खबर आईल रहे। इहाँ दु लोग पs अनजान लोग गोली मार देले। एह मामिला के जाँच जारी बा।दिल्ली पुलिस के मुताबिक घाही के पहचान दिग्विजय उर्फ ​​साजन अवुरी विकास उर्फ ​​विक्की के रूप में भईल बा, जवना के दीन दयाल उपाध्याय (डीडीयू) अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.