Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

असम के तिनसुकिया में सुरक्षा बल अउर उल्फा उग्रवादियन के बीच मुठभेड़, इम्फाल में बड़ साजिश नाकाम

137
असम के तिनसुकिया जिला में सुरक्षा बल अउर उल्फा-आई उग्रवादियन के बीच मुठभेड़ के खबर बा। रक्षा पीआरओ, गुवाहाटी बतवलें, आजु (बुधव) के बिहाने दूनों के बीच मुठभेड़ भइल, जेमें उग्रवादियन के ओर से कइल गइल गोलीबारी में एगो आम नागरिक घाही हो गइल बा। सुरक्षा बल लोग पूरा इलाका के घेराबंदी कइले बा।
 

अमस राइफल्स नाकाम कइलस बड़ साजिश

उहवें दूसरे तरफ असम राइफल्स मणिपुर के इंफाल में विद्रोही संगठन के बड़ साजिश के नाकाम कs दिहले बा। अधिकारियन के मुताबिक, असम राइफल्स के जवान लोग प्रतिबंधित विद्रोही संगठन आरपीएफ/पीएलए के दू लोग के गिरफ्तार कइले रहे। इनके लग्गे से पांच ग्रेनेड, तीन पिस्तौल, तीन आईईडी अउर तीन डेटोनेटर जब्त कइल गइल बा। अधिकारियन के मुताबिक, जांच के दौरान पकडल गइल विद्रोही सब गैर-मणिपुरी स्थानीय लोग अउर सुरक्षा बल के निशाना बनावे अउर त्योहारी सीजन के दौरान इंफाल घाटी में शांति भंग करे के साजिश के कबूल कइले बानें।
417060cookie-checkअसम के तिनसुकिया में सुरक्षा बल अउर उल्फा उग्रवादियन के बीच मुठभेड़, इम्फाल में बड़ साजिश नाकाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.