[the_ad_group id="30365"]

सोनपुर मेला में ड्यूटी के दौरान होमगार्ड जवान के मौत: दिल के दौरा पड़ला से मौत के आशंका, जांच पड़ताल में जुटलें अधिकारी

होम गार्ड जवान के मौत हो गइल बा।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। सोनपुर मेला में विधि बेवस्था के लेके ड्यूटी पs तैनात होम गार्ड जवान के मौत हो गइल बा। 57 बरिस के होमगार्ड जवान अचानक गिर गइलें आ मूर्छित हो गइलें। जवना के बाद अफरा-तफरी मच गइल। घटना के जानकारी मिलतही साथी होमगार्ड जवान उनका के तुरंत सदर अस्पताल हाजीपुर लेके पहुंचल लो। बाकिर डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल।

मृतक होमगार्ड जवान के सोनपुर मेला में ड्रॉपगेट के लगे बियफे के सांझ छव बजे में ड्यूटी लागल रहस। तबे अचानक तबीयत बिगड़ गइला के कारण ऊ गिर गइलें। उनकर मौत हो चुकल रहे। अधिकारी जांच पड़ताल में जुटल बा लो।

JPU: परीक्षा खातिर सारिणी जारी, 7 दिसंबर से सुरू होई स्नातक दूसरका बरिस के परीक्षा

डॉक्टर लोग कइल मृत घोषित

जमीन पs गिरल होमगार्ड जवान के देख कवनो व्यक्ति दूसरका होमगार्ड जवान के सूचना देले रहे। जवना के बाद उनका के आनन-फानन में सदर अस्पताल हाजीपुर ले आवल गइल। मृतक होमगार्ड जवान बेतिया के पश्चिमी चंपारण वार्ड संख्या-6 अंजुआ निवासी बासुदेव साह के 57 बरिस के बेटा दिनेश प्रसाद बतावल गइल बाड़ें। दिल के दौरा पड़े से मौत के आशंका जतावल जा रहल बा।

शव के अस्पताल में रखल गइल बा।
शव के अस्पताल में रखल गइल बा।

एह संबंध में सोनपुर थाना अध्यक्ष राजनंदन बतवलें कि ड्रॉप गेट के लगे सोनपुर मेला में ड्यूटी लागल रहे। ड्यूटी के दौरान अचानक तबीयत बिगड़ गइला के कारण होमगार्ड जवान के मौत हो गइल। घटना के सूचना उनका परिजनन के दे दिहल गइल बा। जब परिजन पहुंचली लो ओकरा बाद शव के पोस्टमार्टम करावल जाई। घटना के सूचना वरीय अधिकारी कमांडेड के दे दे दिहल गइल बा। पोस्टमार्टम होखला के बाद आगे के कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]