Bihar News: रेलवे ट्रैक पs क्षत-विक्षत हालत में मिलल शव, जांच में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2024

Bihar News: मुंगेर जिला में जमालपुर-क्यूल रेलखंड पs दशरथपुर रेलवे स्टेशन आ अभयपुर रेलवे स्टेशन के बीच पोल संख्या 366 /12 रेलवे ट्रैक से अतवार के देर रात पुलिस क्षत विक्षत अवस्था में एगो जुवक

Share

Bihar News :जांच में जुटी पुलिस। - फोटो : अमर उजाला

Bihar News: मुंगेर जिला में जमालपुर-क्यूल रेलखंड पs दशरथपुर रेलवे स्टेशन आ अभयपुर रेलवे स्टेशन के बीच पोल संख्या 366 /12 रेलवे ट्रैक से अतवार के देर रात पुलिस क्षत विक्षत अवस्था में एगो जुवक के शव बरामद कइल गइल बा। जुवक के मौत कवनो ट्रेन के चपेट में अइला से भइल बा। एकर स्पष्ट जानकारी अभी ले नइखे हो सकल। हालांकि घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस मवका पs पहुंचल आ ममिला के जांच में जुटल बिया।  घटना के सूचना के बाद अप लाइन से ट्रेन के परिचालन करवावल गइल। ओहिजा धरहरा पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल मुंगेर भेज दिहल गइल बा।

शव के पहचान नइखे हो सकल

एह दौरान करीब एक घंटा से जादे अपलाइन जमालपु क्यूल ईएमयू पैसेंजर ट्रेन घटनास्थल के लगे रूकल रहल। सबेरे 5:00 बजे ट्रैक के क्लियर करवावल गइल। शव के देखके अनुमान लगावल जा रहल बा कि मृतक के उमिर 35 बरिस के लपेट में होई। धरहरा थाना अध्यक्ष धीरेंद्र कुमार पाठक बतवलें कि रेल पुलिस के ओर से 3:00 बजे घटना के बारे में सूचना दिहल गइल। सूचना मिलतही धरहरा पुलिस मवका पs पहुंचल आ शव के पहचान में जुट गइल। मृतक के माथा आ देह के आउर हिस्सा बुरा तरे क्षत विक्षत रहला के कारण पहचान नइखे हो पा रहल। ओकरा लगे मोबाइल आ आउर कवनो तरे के साक्ष्य नइखे मिल सकल। जवना कारण से तत्काल शव के पहचान नइखे हो पाइल।

इहो पढ़ी: ICA Summit: पीएम मोदी आज अंतरराष्ट्रीय सहकारिता सम्मेलन के करिहें सुरुआत

Bihar News: आसपास के थानन से लिहल जा रहल बा मदद 

घटना के संबंध में बतावल जात बा कि देर रात्रि 09028 बांद्रा टर्मिनस स्पेशल एक्सप्रेस ट्रेन के चालक अभयपुर स्टेशन मास्टर के अदलपुर के लगे रेलवे ट्रैक पs एगो शव होखे के सूचना देलें। धरहरा स्टेशन मास्टर आरपीएफ के घटना के जानकारी देलें। एकरा बाद पुलिसो उहां पहुंचल आ जांच में जुट गइल। पुलिस हत्या, आत्महत्या आ हादसा तीनो एंगल से ममिला के जांच कs रहल बिया। शव के पहचान खातिर अगल-बगल  के थानन से मदद लिहल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.