Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Imran Khan Audio Leak: इमरान खान के ‘डर्टी टॉक’ वायरल! पाकिस्तान के राजनीति में आइल भूचाल

एह ममिला के उनकर पार्टी पीटीआई खंडन कइले बिया। पार्टी के एगो नेता डॉ. अर्सलान खालिद कहलें कि इमरान खान के निशाना बनावत वायरल कइल गइल ऑडियो 'फर्जी' हs। ऊ कहलें कि पीटीआई अध्यक्ष के राजनीतिक विरोधी नकली ऑडियो आ वीडियो बनवला से परे नइखे सोच सकत।

705

पाकिस्तान में प्रधानमंत्री कार्यालय के ऑडियो लीक होखला के बाद एक बेर फेर पड़ोसी मुल्क के पूर्व पीएम इमरान खान के दु गो ऑडियो टेप लीक भइल बा। ओइसे तs इमरान अक्सर कवनो ना कवनो विवाद में फंसत रहे लें, बाकिर अबकि बेर के ममिला तनिका अलग बा। दरअसल, पूर्व पीएम के एगो महिला के संगे ‘सेक्स टॉक’ के ऑडियो लीक भइल बा। सोशल मीडिया यूजर एह ऑडियो के खूब शेयर कs रहल बा लोग। पूर्व पीएम के ऑडियो के लेके पाकिस्तान के राजनीति में भूचाल आ गइल बा। देश में इमरान के जमके आलोचना कइल जा रहल बा । वायरल ऑडियो इमरान खान के हs कि ना, अभी एकर पुष्टि नइखे भइल, बाकिर बातचीत के अंदाज से कहल जा रहल बा कि ई आवाज इमरान खान के हs। ओहिजा, उनकर पार्टी पीटीआई एकर खंडन कइले बिया। पीटीआई कहले बा कि ई उनकर चरित्र हनन करे के प्रयास बा।

महिला के इमरान खान के ‘डर्टी टॉक’ वायरल

पाकिस्तानी मीडिया में आइल खबरन के मोताबिक, इमरान खान के लीक भइल कॉल रिकॉर्डिंग के सैयद अली हैदर नाम के एगो स्थानीय पत्रकार यूट्यूब चैनल पs शेयर कइले रहे। लीक भइल ऑडियो क्लिप में पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) के प्रमुख इमरान खान के एगो महिला के संगे निजी बातचीत करत सुनल जा सकत बा। सोशल मीडिया पs वायरल दु ऑडियो में से एगो के पुरान बतावल जा रहल बा। ओहिजा दूसरका ऑडियो हाले के बतावल जा रहल बा। एमे इमरान एगो महिला से अपना लगे आवे खातिर कह रहल बाड़े। जबकि महिला मना करत बाड़ी। एह पs इमरान उनका के आवे खातिर जिद करत बाड़े। जवना के बाद महिला के कहत सुनल जा सकत बा कि ‘इमरान तुs हमार का हाल कs देले बाड़s। हम नइखी आ सकत’। हालांकि बाद में महिला अगिला दिने आवे के बात करत बाड़ी जवना पs इमरान कहत बाड़े कि ‘उनका अगिला दिन के प्रोग्राम बदले के पड़ी।’

पाकिस्तान के राजनीति में भूचाल

ऑडियो लीक होखला के बाद पाकिस्तान के राजनीति में बवाल मच गइल बा। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs तरह-तरह के प्रतिक्रिया दिहल जा रहल बा। एगो महिला पत्रकार अपना ट्वीट में इमरान खान के तुलना इमरान हाशमी के संगे कइले बाड़ी। गौर करे आला बात बा कि एकरा पहिलहू इमरान खान के ऑडियो लीक भइल बा, बाकिर ऊ राजनीति से प्रेरित रहे। बाकिर अबकी बेर ममिला ‘सेक्स टॉक’ के बा।

पीटीआई कइलस खंडन

एह ममिला के उनकर पार्टी पीटीआई खंडन कइले बिया। पार्टी के एगो नेता डॉ. अर्सलान खालिद कहलें कि इमरान खान के निशाना बनावत वायरल कइल गइल ऑडियो ‘फर्जी’ हs। ऊ कहलें कि पीटीआई अध्यक्ष के राजनीतिक विरोधी नकली ऑडियो आ वीडियो बनवला से परे नइखे सोच सकत।

साभार: अमर उजाला

416670cookie-checkImran Khan Audio Leak: इमरान खान के ‘डर्टी टॉक’ वायरल! पाकिस्तान के राजनीति में आइल भूचाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.