[the_ad_group id="30365"]

लूट के मुकदमा नाइ दर्ज कइले पs कौवाबाग चौकी इंचार्ज अउर चार सिपाही लोग सस्पेंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

युवती से लूट के मुकदमा नाइ दर्ज कइले के आरोप में एसएसपी कौवाबाग चौकी इंचार्ज धर्मवीर सिंह अउर चार सिपाही के निलंबित कs दिहलें। एसएसपी दूनों के खिलाफ विभागीय जांच के आदेश दिहले बानें। जांच के आधार पs अग्रिम कार्रवाई कइल जाई।

जानकारी के मुताबिक, पादरी बाजार के सुंदर नगर कालोनी में रहे वाली नर्सिंग छात्रा रचना चौहान पढ़ाई के सथही घर जा के बचवन के ट्यूशन पढ़ावेली। 19 नवंबर के रात आठ बजे ऊ बचवन के पढ़ा के स्कूटी से घर लौटत रहली। श्रीराम चौराहा पs बाइक सवार बदमाश लोग पर्स छीने के कोशिश कइलें। नाकाम होखले पs स्कूटी में धक्का दे के छात्रा के गिरा दिहलें।

सड़क पर गिरल रचना के पर्स ले के बदमाश फरार हो गइलें। उनके मुंह हाथ, पैर अउर कोहनी में गंभीर घाव लाग गइल। घटना के जानकारी ऊ पादरी बाजार चौकी पs दिहलें, लेकिन पुलिस कार्रवाई नाइ कइलस। उपचार करवला के बाद तहरीर दिहली, लेकिन केहू घटना के गंभीरता से नाइ लिहलें।

मामला संज्ञान में अइले पर एसएसपी जांच के आदेश दिहले रहनें। जांच रिपोर्ट के आधार पर एसएसपी चौकी कौवाबाग धर्मवीर सिंह (तत्कालीन चौकी प्रभारी पादरी बाजार) , सिपाही चन्द्रभान कन्नौजिया, सिपाही अखिलेश यादव, सिपाही अजय प्रताप चौधरी, सिपाही श्रवण कुमार के निलंबित कs दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]