Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कुख्यात अपराधी बादल सिंह पुलिस के हत्थे चढ़ल : एसटीएफ आ थाना के विशेष टीम कइलस गिरफ्तारी, पुलिस रखले रहे 25 हजार के इनाम

134

सारण पुलिस जिला के कुख्यात आ हिस्ट्रीशीटर अपराधी के पकड़े में पुलिस सफलता हासिल कइले बिया। गिरफ्तार अपराधी के पहचान रिवीलगंज थाना क्षेत्र के बैजू टोला निवासी शत्रुघ्न सिंह के बेटा बादल कुमार के रूप में भइल बा। जवना के ऊपर पुलिस मुख्यालय कावर 25 हजार रुपिया के इनाम रखल गइल रहे।

बादल के गिरफ्तारी पुलिस खातिर बड़ीसफलता मानल जा रहल बा। गिरफ्तार कइल गइल अपराधी बादल पs अलग अलग थाना में कइयन गो ममिला दर्ज बा। हत्या, लूट, अपहरण, रंगदारी सहित कइयन संगीन ममिला दर्ज बा। गुडडू के गिरफ्तारी एसटीएफ विशेष योजना के तहत कइलस। एसआईटी आ रिवीलगंज थाना के इनाम के राशि दिहल जाई।

कुख्यात अपराधी के गिरफ्तारी के जानकारी एसपी गौरव मंगला प्रेस रिलीज के माध्यम से दिहल गइल। कुख्यात बादल कुमार के गिरफ्तारी रिवीलगंज थाना क्षेत्र से कइल गइल रहे। जवना के खिलाफ रिवीलगंज थाना प्राथमिकी दर्ज करत न्यायिक हिरासत में भेजे के तइयारी कइल जा रहल बा।

बादल के गिरफ्तारी रिवीलगंज थाना पुलिस आ एसआईटी टीम के ओर से कइल गइल बा। हाले में पुलिस मुख्यालय के निरदेस पs जिला पुलिस कावर से कुख्यात अपराधियन के लिस्ट आ इनाम राशी जारी कइल गइल रहे। जेमे बादल के नाम कुख्यात अपराधी में दर्ज बा। गिरफ्तार बादल कुमार के रिवीलगंज मांझी के सीमावर्ती क्षेत्र आतंक रहे।

बादल कुमार पs दर्ज मुकदमन के सूची :-

1. रिविलगंज थाना कांड संख्या-417/21, धारा-392 भा०द०वि० ।

2. गरखा थाना कांड संख्या-153/22, धारा-395 भा०द०वि० ।

3. रिविलगंज थाना कांड संख्या-325/20, धारा-30 (ए) बि०म०नि०उ० अधि० ।

4. रिविलगंज थाना कांड संख्या-418/21, धारा-341/323/427/379/307/34 भा0द0वि0 एवं 27 आर्म्स अधि० ।

5. रिविलगंज थाना कांड संख्या-408/22, धारा-394 भा०द०वि० ।

6. रिविलगंज थाना कांड संख्या-415/22, धारा-457/380 भा०द०वि० ।

7. रिविलगंज थाना कांड संख्या-402/22, धारा-379 भा०द०वि० ।

8. रिविलगंज थाना कांड संख्या-430/21, धारा-392 भा०द०वि० ।

9. मांझी थाना कांड संख्या-436/21, धारा-341/307/34 भा0द0वि0 एवं 27/25 (1-बी) ए/26/35 आर्म्स अधि० ।

10. मांझी थाना कांड संख्या-439/21, धारा-302/34 भा०द०वि० एवं 27 आर्म्स अधि० ।

11. मुफ्फसिल थाना कांड संख्या-629/21, धारा-392 भा०द०वि० ।

12. मुफ्फसिल थाना कांड संख्या-652/21, धारा-02.12.2021, धारा-392 भा०द०वि० ।

13. भगवानबाजार थाना कांड संख्या-574/21, धारा-379 भा०द०वि० ।

730420cookie-checkकुख्यात अपराधी बादल सिंह पुलिस के हत्थे चढ़ल : एसटीएफ आ थाना के विशेष टीम कइलस गिरफ्तारी, पुलिस रखले रहे 25 हजार के इनाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.