भोरे उठ के पी इs पानी, खाली पेट ना लिवर के भी हो जाई सफाई

Minee Upadhyay

दिनभर रहे वाला ब्लोटिंग आ एसिडिटी खान-पान से लेके नींद ले के प्रभावित कइले रहेला। एकरा अलावा इs लंबा समय ले होखे वाला कब्ज के समस्या के कारन बनेला। जेकरा वजह से पेट दरद आ दोसर दिक्कत होखे लागेला। अइसा में जरूरी इs बा की रउवा अपना कुछ अंगन के सफाई करी। जइसे कि पेट, आंत आ लिवर जेकरा से इनकर काम काज तेज हो जाव आ फेर दोसर दिक्कात ना होखो। अइसे में रउवा भोरे खाली पेट काला नमक हींग अजवाइन के पानी पी सकत बानी। जे पाचन किरिया के तेज करे में मदद करेला। एकरा अलावा एकर कइ गो फइदा बा, चली एकरा बारे में बिस्तार से जाने के।

खाली पेट पी काला नमक हींग अजवाइन के पानी

पेट, आंत आ लिवर से जुड़ल समस्या से बचे खातिर रउवा के भोर खाली पेट काला नमक हींग अजवाइन के पानी पिए के चाहि। इs असल में पेट के साफ करेला आ हाजमा के तेज करेला। तऽ, एकरा खातिर रउवा के इs करी की अजवाइन के पानी में भिगा के रख दी। भोरे एह पानी के हल्का गरम करी आ एहमें हींग आ अजवाइन मिला लिहि। सबके एक संगे मिलाइ आ फेर एह पानी के पिहीं। रोजना कुछ दिन ले इ काम करत रही। इs पेट के साफ करे के संगे आंतऽ आ कई गो दोसर अंग के साफ करेले।

खाली पेटे काला नमक हींग अजवाइन का पानी पीये के फायदा

1. टॉक्सिन्स के निकालेला

खाली पेट काला नमक हींग अजवाइन के पानी शरीर से टॉक्सिन्स में बाहर निकाले में मदद करेला। इ मेटाबोलिक गतिविधि के तेज करेला आ फिर देह में चिपकल गंदगी के फ्लश ऑउट करे में मदद करेला। एकरा अलावा इ फैट के पचावे में मददगार होला जवन कि अतरी के गति के तेज करेला।

2. लिवर के गति तेज करेला

खाली पेट काला नमक हींग अजवाइन के पानी पियल लिवर के गति में तेजी लवेला। इ फैट के कम करेला आ फैटी लिवर के समस्या में कमी लावेला। एकरा अलावा इ पाचन किरिया के तेज करेला लिवर के समस्या में कमी लागेला। एकरा से मोटापा भी कम होला। तऽ, इ तमाम बजह खातिर भोर खाली पेट काला नमक हींग अजवाइन के पानी पिहि।

(इs आर्टिकल सामान्य जानकारी  खातिर बा, कवनो उपाय के अपनाए से पहिले डॉक्टर से परामर्श जरूर लिहि)

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।