कोलकाता से फर्जी दस्तावेजन के जरिए भारत में घुसले, कर्नाटक में पकड़ल गइले 6 बांग्लादेशी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2024

    कर्नाटक के चित्रदुर्गा शहर में अवैध तरीका से रहे वाला 6 बांग्लादेशी नागरिक के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। इs बांग्लादेशी नागरिक अवैध तरीका से भारत में घुसल रहले अवुरी फर्जी दस्तावेज के

Share

 

 

कर्नाटक के चित्रदुर्गा शहर में अवैध तरीका से रहे वाला 6 बांग्लादेशी नागरिक के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। इs बांग्लादेशी नागरिक अवैध तरीका से भारत में घुसल रहले अवुरी फर्जी दस्तावेज के आधार पs इहाँ रहत रहले। एह गिरफ्तार आरोपियन से फर्जी आधार कार्ड, मतदाता पहचान पत्र, मजदूर कार्ड, बैंक पासबुक, पैन कार्ड आ पासपोर्ट भी बरामद भइल बा।

चित्रदुर्गा सपा कार्यालय से जारी एगो प्रेस विज्ञप्ति में कहल गईल कि, शहर के होलालकेरे रोड पs स्थित अरविंद गारमेंट्स एंड व्हाइट वॉश गारमेंट के नजदीक 18 नवंबर 2024 के गिरफ्तारी भईल रहे। पुलिस एह बांग्लादेशी नागरिकन के संदिग्ध हालात में हिरासत में ले लिहलसि आ पूछताछ कइलस. गिरफ्तार लोग में सुमन हुसैन, शेख सैफुर रहमान, मजहरुल, अजीजुल शेख, मोहम्मद शाकिब सिकदर अवुरी सनोवर हुसैन शामिल बाड़े।

इs आरोपी बतवले कि उs लोग भारत में बस जाए अवुरी काम करे खातीर पश्चिम बंगाल के कोलकाता से फर्जी दस्तावेज के माध्यम से भारत में घुसल रहले। एकरा बाद उs अलग-अलग राज्य में काम कईले अवुरी हाल ही में रोजगार खातीर चित्रदुर्गा शहर पहुंचले।

गिरफ्तार भइल आरोपी

१-शेख सैफुर रहमान (पिता: तारा मिया)

२-मोहम्मद सुमन हुसैन अली (पिता: मोहम्मद दुलाल हुसैन)

३-मजहरुल (पिता: मारुफ)

४-सनोवर हुसैन (पिता: अरब मिया)

५-मोहम्मद शाकिब सिकदर (पिता: मोहम्मद सेलीम सिकदर)

६-अजीजुल शेख (पिता: रेहमान शेख)

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.